Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीसपा की हार से दुखी मुलायम आज अखिलेश संग जइहें मैनपुरी, जानी...

सपा की हार से दुखी मुलायम आज अखिलेश संग जइहें मैनपुरी, जानी का बा कार्यक्रम 

पहिले विधानसभा फिर विधानपरिषद चुनाव में सपा के हार से दुखी मुलायम सिंह यादव आज बेटा अखिलेश यादव संग मैनपुरी जइहें। विधानसभा चुनाव के दौरान उ करहल में जनसभा कईले रहले। ओकरी बाद इ उनकर पहला मैनपुरी दौरा बा। मुलायम, इहां अखिलेश के साथ पार्टी कार्यकर्ताओं और नेताओं संग मुलाकात कर हार के वजह के जाने के प्रयास करिहे।

पार्टी संरक्षक और राष्‍ट्रीय अध्‍यक्ष के कार्यक्रम के मद्देनज़र पार्टी कार्यालय पर देर रात तक तैयारी चलत रहल। मिलल जानकारी के अनुसार मुलायम और अखिलेश 11:30 बजे मैनपुरी पहुंचिहे। 12:30 बजे वे जिला कार्यालय पहुंचिहे। सैफई से मैनपुरी के बीच दोनों नेताओं के स्थानीय कार्यकर्ताओं से मिले के कार्यक्रम प्रस्तावित बा। मानल जा रहल बा कि मैनपुरी में चुनावी हार के समीक्षा होइ और आवे वाला लोकसभा चुनाव के तैयारी पर बात की जाइ।

फिर से सक्रिय दिख रहल बाड़े मुलायम
लंबे समय तक बीमार रहे के वजह से मुलायम सिंह यादव राजनीति से गायब रहले लेकिन पार्टी के लगातार हार के बाद अब उ एक बार फिर सक्रिय नज़र आवत बाड़े। मुलायम सिंह लगातार पार्टी कार्यकर्ताओं से मिल रहल बाड़े। उनकर हाल-चाल ले रहल बाड़े। बुधवार के उ पुरान समाजवादी नेताओं से मुलाकात करे के खातिर इटावा पहुंचल रहले। शाम करीब पांच बजे मुलायम आपन आवास से एनएसजी दस्ते के साथ गाड़ीपुरा में पार्टी कार्यकर्ता देशबंधु सोनी के घर के खातिर निकले। हालांकि सोनी के आवास बहुत सकरी गली में रहल। साथ ही उनके आवास पर काफी सीढ़ियां रहल। एही से एनएसजी दस्ता उनकर स्वास्थ्य के देख के उनके उहा जाये क अनुमति ना दिहलस । एकरी बाद मुलायम के खातिर सोनी के घर से कुर्सी लेके आइल गईल और खुले मैदान में ही बैठक भईल।

लायन सफारी भी गईल रहले मुलायम 
पिछला कुछ दिनों से सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव अपने सिविल लाइन स्थित आवास पर ही रह रहल बाड़े। मंगलवार के उ लायन सफारी जाकर उहां के नजारा देखले। बुधवार के दोपहर बाद मुलायम सिंह यादव गाड़ीपुरा में पूर्व पालिका अध्यक्ष प्रेमचंद जैन के घर पहुंचे और उनके बेटे राजू जैन से मुलाकात कईले। प्रेमचंद जैन के पिछला दिन निधन हो गईल रहे, इ दौरान मुलायम सिंह उनकर घर ना गईल रहले। मुलायम परिजनों से भी मुलाकात कईले और उनसे जुड़ल कई संस्मरण साझा कईले। ओकरी बाद उ देशबंधु सोनी के घर जाकर परिजनों से मुलाकात कईले। सपा संरक्षक के कई जगह कार्यकर्ताओं बैंड बाजे व पुष्प वर्षा कर स्वागत कईले। जगह-जगह उनके स्वागत के साथ ही लोग उनके साथ फोटो खिंचवाई।

इटावा, मैनपुरी, कन्‍नौज को मुलायम सिंह यादव और समाजवादी पार्टी का गढ़ मानल जाला लेकिन पिछले विधानसभा चुनाव और हाल में सम्‍पन्‍न एमएलसी चुनाव में इ गढ़ में भी सपा के जनाधार खिसकता नज़र आईल। ऐसे चिंतित मुलायम अब पुरान कार्यकर्ताओं के सहेजने और बेटे अखिलेश के पार्टी में नई जान फूंकने के गुर सिखावे में जुट गईल बाड़े । 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments