Friday, May 17, 2024
Homeटॉप स्टोरीIPL 2022 MI vs CSK: धोनी दिलवले जीत, 'सर' रविंद्र जडेजा के...

IPL 2022 MI vs CSK: धोनी दिलवले जीत, ‘सर’ रविंद्र जडेजा के रिऐक्शन सोशल मीडिया पर हो रहल बा वायरल

IPL 2022 MI vs CSK: इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) 2022 में चेन्नई सुपरकिंग्स और मुंबई इंडियंस दोनों के प्वॉइंट्स टेबल में हालत खस्ता बा। दोनों क्रम से नौवें और दसवें पायदान पर बाड़े। लगातार छह हार झेले के बाद मुंबई इंडियंस के टीम गुरुवार के पहली जीत के तलाश में सीएसके खिलाफ खेले उतरल रहे, लेकिन धोनी अइसन होखे ना दिहलन। आखिरी चार गेंद पर 16 रन के जरूरत रहल और स्ट्राइक पर रहले दुनिया के बेस्ट फिनिशर महेंद्र सिंह धोनी। धोनी उहे कईलन , जौना खातिर उनके लोग जाने लन, लेकिन जीत के बाद रविंद्र जडेजा जौन कईले, ओकर शायद ही केहू के उम्मीद रहल और इहे वजह बा कि जड्डू के फोटो खूब वायरल हो रहल बा।

मैच खत्म करके जब धोनी मैदान से लौटत रहले, त कप्तान जडेजा आईले और झुककर उनके सलाम कईले, त उही अंबाती रायुडू भी हाथ जोड़ लिहले। धोनी 13 गेंद पर 28 रन बनाकर नॉटआउट लौटले। 6, 4, 2, 4 के साथ उ मुंबई इंडियंस के खिलाफ सीएसके को जीत दिलवले। धोनी जिस तरह से बल्लेबाजी कईले, ऐसेलागत रहल ह की, जैसे पुराना दिन लौट आईल होंखे।

जडेजा मैच के बाद कहले कि थोड़ा नर्वस जरूर रहनी जा हमनी क बाकि हमनी के पता रहल कि क्रीज पर धोनी बाड़े और उ हमनी के खातिर मैच खत्म करके ही लौटीहें। मैच के बात कईल जाओ त सीएसके टॉस जीतकर मुंबई इंडियंस के पहले बल्लेबाजी का न्योता दिहले। मुबंई इंडियंस ने 20 ओवर में सात विकेट पर 155 रन बनवले। तिलक वर्मा नॉटआउट 51 रनों के पारी खेलले, वहीं मुकेश चौधरी तीन ओवर में 19 रन देकर तीन विकेट चटकवले, जवाब में सीएसके ने 20 ओवर में सात विकेट पर 156 रन बनाकर मैच अपने नाम कि लिहलस। धोनी 13 गेंद पर 28 रन बनाकर नॉटआउट लौटले।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments