Wednesday, May 15, 2024
Homeमनोरंजनसलमान खान के गर्लफ्रैंड क आरोंप, धोखा देले रहे सलमान खान.

सलमान खान के गर्लफ्रैंड क आरोंप, धोखा देले रहे सलमान खान.

बॉलीवुड के सुपरस्टार सलमान खान के एक्स गर्लफ्रेंड सोमी अली एक बार फिर से चर्चा में आ गईल बानी। 90 के दशक में सलमान खान और एक्ट्रेस सोमी अली के अफेयर के चर्चा हर तरफ रहल। लेकिन फिर दोनों के रिश्ता टूट गईल। अब सोमी अली खुलासा कईलीं कि सलमान उनके धोखा देले रहलें जेकरे बाद उनकर दिल अईसे टूटल कि उ इंडस्ट्री के छोड़ के चल गईंली।

16 साल के उम्र में सोमी अली सलमान खान के फिल्म ‘मैंने प्यार किया’ देखले रहली तबे से उ सलमान से शादी करे के मन बना लेली। सोमी आपन सामान पैक करके भारत आ गईली। वहीं भारत अईले के बाद कुछ मॉडलिंग प्रोजेक्ट अउर फिल्म के बाद आखिरकार उ सलमान खान से मिलली।

सोमी बतईली कि 20 साल हो गईल उनसे ब्रेकअप कईले। उ कहली की उ हमके धोखा देले रहे अउर हम उससे ब्रेकअप करके वापस लौट अईली। उ कहली कि अब दोनों ही अपने-अपने जिंदगी में आगे बढ़ चुकल बाने। सलमान से रिश्ता खत्म भईले के बाद सोमी पढ़ाई करे यूएस वापस चल गईल रहली। 

सोनी कहली कि, ‘मैंने कई सालों से सलमान खान से कोई बातचीत नहीं की। कई बार लोग आपकी जिंदगी में आते हैं और आपको उनसे सीख मिलती है कि क्या करना चाहिए और क्या नहीं करना चाहिए। एक वक्त ऐसा भी आता है जब जिंदगी में आगे बढ़ जाना चाहिए।’ सोमी के कहना बा कि ब्रेकअप के बाद उनके बॉलीवुड में रुकले के कोई वजह ना रहे। कहल जाला कि एक्ट्रेस ऐश्वर्या राय सलमान खान के जिंदगी में आ गईल रहली और इसी वजह से सोमी क एक्टर के साथ ब्रेकअप हो गईल रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments