Thursday, May 9, 2024
Homeकृषि एवं पशु धनकिसान कर सकिहे मौसम के अनुसार खेती , मदद खातिर सरकार बनौले...

किसान कर सकिहे मौसम के अनुसार खेती , मदद खातिर सरकार बनौले बा एगो प्रोजेक्ट

किसान के हित खातिर सरकार एगो फिर से बड़ा कदम उठौले बाने जउन किसान लोगन के खेती कईला में मदद करी | जल्द ही मध्यप्रदेश, महाराष्ट्र अउर गुजरात के जिला में एगो पायलेट प्रोजेक्ट शुरु हो रहल बा जेके तहत किसान फोन पर ही मौसम की जानकारी ले सकिहे। किसान मौसम के अनुसार खेती कर सकिहे। फोन पर कृषि विशेषज्ञन से बात कइके किसान मौसन का पूरा हाल जान जईहे कि कब बारिश होइ या कब ना होइ । जानकारी के बाद किसान अपने खेत में बुआई, जुताई अउर कटाई कर सकिहे।

इ प्रोजेक्ट के शुरुआत कृषि मंत्रालय अगस्त के माहिना से करीहे , जेकरा तहत इ प्रोजेक्ट तीन राज्य महाराष्ट्र, गुजरात अउर मध्यप्रदेश में शुरू होवे जात बा । एकरा खातिर केंद्र सरकार एगो प्रमुख आईटी कंपनी के साथ करार भी कईले बा | जउन रोज़ाना मौसम के जानकारी किसान लोगन के देई | मौजूदा समय में किसान मौसम से संबंधित कउनो भी जानकारी ज़िला स्तर पर स्थापित किसान विज्ञान केंद्र से लेत हवे | इ बात ते तय हवे कि एह तकनीक के मदद से किसानन के बेहतर उपज में काफी सहायता मिली।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments