Saturday, May 4, 2024
Homeटेक्नोलॉजीभारतीय मूल के पराग अग्रवाल बनिहें twitter के नया सीईओ..

भारतीय मूल के पराग अग्रवाल बनिहें twitter के नया सीईओ..

ट्विटर के सीईओ जैक डोर्सी के इस्तीफा देवे के बाद अब उनकी जगह कंपनी के सीटीओ पराग अग्रवाल नया सीईओ बनिहें। इ बात के जानकारी उ खुद ट्वीट कर के दिहने । पराग एक ट्वीट कर के जैक डोर्सी और कंपनी के पूरी टीम को तहे दिल से धन्यवाद कहले बाने। ट्विटर के सीईओ भारतीय मूल के पराग अग्रवाल के बनाए जाये के खबर सामने आवे के बाद भारत में सब लोग बहुत खुश बाने ।

मौजूदा समय में पराग अग्रवाल ट्विटर में सीटीओ यानी चीफ टेक्नोलॉजी ऑफिसर के पद पर नियुक्त रहने। उनके पहले इस पद पर एडम मेसिंगर नियुक्त रहने । एडम दिसंबर 2016 में कंपनी छोड़ दिहले रहने। ओकरा बाद पराग अग्रवाल के अक्टूबर 2017 में ही ट्विटर का सीटीओ बना दिहल गइल रहल , लेकिन आधिकारिक रूप से उनके सीटीओ पद पर नियुक्त करे के घोषणा 8 मार्च 2018 में भइल । पराग अग्रवाल ट्विटर पर ट्वीट्स की अहमियत के बढ़ावे खातिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस पर जो काम कइने ओकर खूब सराहना भइल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments