Wednesday, May 1, 2024
Homeटॉप स्टोरीअलविदा CDS जनरल बिपिन रावत, हेलीकॉप्टर दुर्घटना में भइल मौत

अलविदा CDS जनरल बिपिन रावत, हेलीकॉप्टर दुर्घटना में भइल मौत

नई दिल्ली (भोजपुरी लाइव : पीयूष धर द्विवेदी ) : चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ जनरल बिपिन रावत के कुन्नूर के पास नीलगिरि की पहाड़ियों में एक हेलीकॉप्टर दुर्घटना में मौत हो गइल बा। इ दुर्घटना में हेलीकॉप्टर में सबही सवार 14 लोगन में से 13 के मौत हो गइल। मृतकन में सेना के कई वरिष्ठ अफसरन के अलावा उनकर पत्नी मधूलिका रावत भी शामिल बानी। वायुसेना के तरफ से जारी एगो ट्वीट में इ जानकारी दिहल गइल। दुर्घटना इतना भयानक रहल कि मृतकन के पहचान खातिर डीएनए टेस्ट करावे के बात करल जात बा।

हादसे के शिकार इ एमआई-17 श्रेणी के हेलीकॉप्टर में कुल 14 लोग सवार रहंने जेमे सेना के अधिकारियन के अलावा जनरल रावत की पत्नी मधूलिका रावत भी रहली । हादसे में 11 लोगों की मौत की पुष्टि शुरुवाती दौर में ही कर दिहल गइल रहल । हादसे में तीन घायलन के वेलिंगटन के सैनिक अस्पताल में भर्ती कराइल गइल रहल। बाद में उनके एयर एंबुलेंस से दिल्ली लावे के तैयारी रहल।

घटना की जानकारी मिलते ही संसद भवन परिसर में रक्षामंत्री राजनाथ सिंह समेत अन्य मंत्री लोग सुरक्षा मामले पर बैठक कइने जेमे एनएसए अजीत डोभाल भी मौजूद रहलें। ए दौरान, रक्षामंत्री राजनाथ सिंह, प्रधानमंत्री के घटना के जानकारी भी दिहलें । बैठक के बाद रक्षा मंत्रालय के उच्च अधिकारियन के भी एगो बैठक भइल। बताइल गइल बा कि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह खुद स्थिति की निगरानी करत बाने। हादसे के उच्च स्तरीय जांच के आदेश दिहल गइल बा ।

ऐसी सूचना है कि रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कल संसद में इस हादसे के बारे में बयान देने वाले थे।

रक्षामंत्री जनरल रावत के घर गइने

रक्षामंत्री राजनाथ सिंह घटना के जानकारी देवे खुद जनरल बिपिन रावत के घर गइने। उ जनरल रावत के बेटियन से मुलाकात कइने और उनके ताजा स्थिति से अवगत करइने ।   

CDS और उनकी पत्नी के शवयात्रा कामराज मार्ग से बरार चौराहे तक होई। दिल्ली कैन्टोन्मेंट में अंतिम संस्कार होई। एही बीच रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आज संसद के दोनों संदनों में हादसे पर बयान दिहें। उहें, कुन्नूर में हादसे वाली जगह से ब्लैक बॉक्स बरामद कर लिहल गइलबा । एसे हादसे की असल वजह सामने आ पाई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments