Friday, May 17, 2024
Homeटॉप स्टोरीRCB vs CSK IPL 2022: एमएस धोनी के आउट होखे के बाद...

RCB vs CSK IPL 2022: एमएस धोनी के आउट होखे के बाद ही विराट कोहली गुस्से में दीहले गाली! फैंस कहले देशद्रोही

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (RCB) के पूर्व कप्तान विराट कोहली (Virat Kohli) के आईपीएल 2022 में बल्ले से संघर्ष जारी बा। विराट बुधवार के चेन्नई सुपर किंग्स (CSK) के खिलाफ 33 गेंदों पर 30 रन बनाकर आउट हो गईले। एकरी बाद भी बैंगलोर पुणे के एमसीए स्टेडियम में चेन्नई के 13 रन से हरा दिहलस। बल्ले से विराट के खराब प्रदर्शन फैंस के खातिर चिंता के विषय बनल बा। ऐसे में विराट इ समय एक बार फिर से फैंस के निशाने पर आ गईले जब उ मुकाबले के दौरान एमएस धोनी (MS Dhoni) के आउट होखला के बाद अपना रिएक्शन दिहले। 33 साल के विराट उ समय आपन भावना पर काबू ना रख पवले जब जोश हेजलवुड धोनी के पवेलियन के रास्ता देखवले।

दरअसल मैच के 19वें ओवर के पहली ही गेंद पर हेजलवुड धोनी के रजत पाटीदार के हाथों कैच करा दिहले। फील्डर के कैच लेते ही विराट गुस्से से आग बबूला हो गईले। इ दौरान उनकर खतरनाक रिएक्शन देखे लायक रहल। धोनी के आउट होखला के बाद विराट इतना गुस्से में रहले कि उ अभद्र भाषा (foul language) के इस्तेमाल कर दिहले। विराट के इ हरकत कैमरे में कैद हो गईल। उनकर इस एक्शन के बाद फैंस अब आरसीबी के पूर्व कप्तान के क्लास लगावल शुरू कर दीहले बा। एक यूजर सोशल मीडिया पर लिखले, ‘अस्वीकार्य, वह सचमुच भारतीय सेना, खासकर धोनी को गाली दे रहा है। मैं हमेशा से जानता हूं कि कोहली देशद्रोही है।’

आप लोगन के बता दी कि दुनिया के सबसे बेस्ट फिनिशर धोनी इ बार चेन्नई के जीत ना दिला पवले और उ तीन गेंदों पर दो रन बनाकर आउट हो गईले। बैंगलोर के 8 विकेट पर 173 रन के जवाब में चेन्नई के टीम 8 विकेट पर 160 रन ही बना पवलस। इ जीत के बाद बैंगलोर अब टॉप-4 में पहुंच गईल बा। वहीं, दूसरी तरफ चेन्नई के 10 मैचों में यह सातवीं हार रहल और टीम प्लेऑफ के दौड़ से लगभग बाहर हो चुकल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments