Thursday, May 2, 2024
Homeटॉप स्टोरीYoutube पर देखी दिनेश लाल यादव और आम्रपाली दुबे के 'लल्लू की...

Youtube पर देखी दिनेश लाल यादव और आम्रपाली दुबे के ‘लल्लू की लैला’, 30 दिन में मिलल 46 मिलियन व्यूज

भोजपुरी फिल्मों के मशहूर एक्ट्रेस आम्रपाली दुबे और एक्टर दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ हिंदुस्तानी’ के जोड़ी भोजपुरी इंडस्ट्री के हिट जोड़ियों में से एक बा। इ दुनो एक साथ कई हिट फिल्में दिहले बाड़े, ऐ कारण ई कहल बिल्कुल गलत ना होइ कि दोनों जौन भी फिल्म में साथ काम करेले उ हिट हो जाला। 5 मार्च के इ जोड़ी के वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स चैनल और जितेंद्र गुलाटी प्रस्तुत वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स चैनल के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘लल्लू की लैला’ के यूट्यूब पर रिलीज कईल गईल रहे। जेकर दर्शक 1 माह के अंदर ही 46 मिलियन से ज्यादा बार यूट्यूब पर फ़िल्म को देख लिहले बाड़े, साथ ऐके 4 लाख से ज्यादा लाइक भी मिल चुकल बा। 

यूट्यूब पर इ फिल्म के खातिर लोगन के पागलपन देखे के मिल रहल बा और ई फिल्म धमाकेदार रिकॉर्ड बना रहल बा। भोजपुरी कलाकार के जोड़ि में दर्शकों के आम्रपाली और दिनेश के जोड़ी कुछ ज्यादा ही पसंद बा। एकर नतीजा बा कि इनकर रिलीज भईल फिल्म ‘लल्लू की लैला’ के प्रति दिन 1.5  मिलियन से ज्यादा व्यूज मिल गईल बा। दर्शकों से मिल रहल प्यार से निर्माता रत्नाकर कुमार काफी ज्यादा गदगद महसूस कर रहल बाड़े। उ ऐह प्यार के खातिर दर्शकों के धन्यवाद करते हुए आपन इंस्टाग्राम पर फिल्म के पोस्टर साझा कईले। साथ ही उ कहले कि फिल्म दर्शकों को खूब पसंद आवत बा। जौना कारण फिल्म यूट्यूब पर अपना दबदबा बनवले बा।

इ दोनों एक्टर्स के जोड़ी के एक और खास बात ई बा कि एक्ट्रेस आम्रपाली आपन पहला फिल्म के शुरुआत निरहुआ के फिल्म से ही कईले रहली। इ दुनो साथ में 30 से भी ज्यादा फिल्में कर चुकल बाड़े। इ फ़िल्म के निर्माता रत्नाकर कुमार बाड़े और निर्देशक सुशील कुमार उपाध्याय बाड़े। फिल्म के सह-निर्माता सुशील सिंह और प्रकाश जैस बाड़े। फिल्म के मुख्य कलाकार दिनेश लाल यादव निरहुआ, आम्रपाली दुबे, यामिनी सिंह, कनक पांडेय, सुशील सिंह, संजय पांडेय और प्रकाश जैस बाड़े।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments