Sunday, May 5, 2024
Homeटॉप स्टोरीआजम खान के जेल से होई जमानत? आज हाईकोर्ट में होई सुनवाई 

आजम खान के जेल से होई जमानत? आज हाईकोर्ट में होई सुनवाई 

शत्रु सम्‍पत्ति मामले में जमानत याचिका पर सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई न हो पावे के चलते आजम खान के ईद त इ बार भी जेल में ही मनल लेकिन ईद के अगले दिन यानी आज एक बार फिर उनकर समर्थकों के उनकर जेल से बाहर आवे के उम्‍मीद बंधल बा। शत्रु सम्‍पत्ति मामले में आजम खान के जमानत याचिका पर आज इलाहाबाद हाईकोर्ट में सुनवाई होखे वाला बा। फैसला भी आ सकत बा। गौरतलब बा कि हाईकोर्ट में आजम के अर्जी पर सुनवाई पिछले साल ही पूरा हो गईल रहे। 4 दिसम्‍बर के अदालत अपना फैसला रिजर्व कर दिहले रहे बाकि यूपी सरकार हाईकोर्ट से कुछ नए तथ्‍य पेश करे के खातिर समय मंगलस जिसके बाद हाईकोर्ट सुनवाई के खातिर 4 मई के तारीख मुकर्रर कर दीहले बा।

वर्ष 2019 में सांसद बने से लेकर अब तक आजम खान के खिलाफ कुल 72 मामले दर्ज बा। इनमें से 71 मामलों में उनके जमानत मिल चुकल बा। सिर्फ एक मामला शत्रु सम्‍पत्ति का रह गईल बा। इ मामले में आज सुनवाई होखे वाला बा। बतावल जा रहल बा कि हाईकोर्ट फिर से कुछ नए तथ्‍यों पर सुनवाई करी। हो सकेला कि आज ही फैसला भी आ जाई। 

सु्प्रीम कोर्ट में ना भईल सुनवाई
इ बीच आजम खान के वकील सुप्रीम कोर्ट में याचिका दाखिल कर कहले कि इलाहाबाद हाईकोर्ट जमानत याचिका पर आदेश सुरक्षित करे के बाद लंबे अर्से से फैसला लंबित रखले बाड़े। उ इ मामले में जल्‍द फैसला सुनावे के अपील कईले। ऐह पर सुनवाई के खातिर सुप्रीम कोर्ट ने दो मई के तारीख मुकर्रर कईले रहे लेकिन ऐह पर सुनवाई ना भईल।

2019 में दर्ज भईल रहे शत्रु सम्‍पत्ति मामला
आजम खान के खिलाफ 2019 में अजीमनगर थाने में शत्रु संपत्ति पर कब्जा कर जौहर यूनिवर्सिटी में मिलावे के आरोप में मामला दर्ज करावल गईल रहे। पुलिस एहमे चार्जशीट भी दाखिल कर देले रहे। इ मामला में चार दिसम्‍बर के सुनवाई भईल रहे। कोर्ट तभी सेएकर निर्णय सुरक्षित कर लेहले रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments