Saturday, May 4, 2024
Homeस्पोर्ट्सराहुल-रोहित अउर विराट के धुंआधार बल्लेबाजी के सामने वेस्टइंडीज भईल पस्त, राहुल...

राहुल-रोहित अउर विराट के धुंआधार बल्लेबाजी के सामने वेस्टइंडीज भईल पस्त, राहुल बनले “मैन ऑफ़ दी मैच”

बुधवार के वानखेड़े स्टेडियम में खेले गए सीरीज के आखिरी अउर निर्णायक टी-20 मैच में बल्लेबाजी अउर गेंदबाजी के दम पर वेस्टइंडीज के 67 रनों से हरा के सीरीज़ के 2-1 से अपने नाम कईले। भारत के 240 रनों के विशाल स्कोर के पीछा करते हुए विंडीज के टीम 3 विकेट खोके 20 ओवरों में सिर्फ 173 रन ही बना पवले। एह दौरान वेस्टइंडीज की तरफ से सबसे ज्यादा पोलार्ड 68 रनों के पारी खेलले। भारत के ऒर से रोहित शर्मा, केएल राहुल भारत के बेहतरीन शुरुवात दिहले।रोहित शर्मा, केएल राहुल और कप्तान विराट कोहली तीनो लोग ताबड़तोड़ बल्लेबाजी करते हुए 71,91 अउर 70 रन बनवले।

 

राहुल-रोहित अउर विराट के धुंआधार बल्लेबाजी के सामने वेस्टइंडीज भईल पस्त, राहुल बनले "मैन ऑफ़ दी मैच"
विंडीज के तरफ से पिछले मैच के हीरो सिमंस एह बार सिर्फ 7, किंग 5 और हेटमायर 41 रन बनाके आउट हो गईले।कप्तान पोलार्ड पारी के संभालले के कोशिश कईले लेकिन 68 रन बनाके भी आउट हो गईले।पोलार्ड टीम के खातिर सबसे ज्यादा 68 रन के पारी खेलले। अंत में टीम के खातिर गेंद कम अउर रन ज्यादा हो गईल। अउर टीम इंडिया इ मैच 67 रन से जीत गईल।

 

Image Credit- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments