Sunday, April 28, 2024
Homeराजनीतिराज्यसभा में नागरिकता संसोधन बिल भईल पास, असम समेत पूर्वोत्तर के राज्यन...

राज्यसभा में नागरिकता संसोधन बिल भईल पास, असम समेत पूर्वोत्तर के राज्यन में बिल के लेके विरोध जारी

नरेंद्र मोदी सरकार अपने संकल्प के पूरा करते हुए नागिरकता संशोधन बिल के संसद के दुनो सदन लोकसभा अउर राज्यसभा से पास हो गईल। अब एह बिल के कानून बनौले में बस औपचारिकता रह गईल बा । कल राज्यसभा में करीब 8 घंटे से ज्यादा बहस अउर चर्चा के बाद एह बिल पर वोटिंग भईल , जेमे इ बिल राज्यसभा से पारित हो गईल बिल के पक्ष में 125 वोट अउर विरोध में 105 वोट पड़ल रहे।

असम समेत पूर्वोत्तर के राज्यन में बिल के लेके विरोध जारी

देश में कहीं बिल के विरोध हो रहल बा तब कहीं लोग कही ख़ुशी मनावल जात बाने। सड़क पर अभिन भी प्रदर्शन जारी बा। पूर्वोत्तर के कई राज्यन में बिल के खिलाफ प्रदर्शन अभिन जारी बा। कई जगह सुरक्षा व्यवस्था के बढ़ावल गईल बा। गुरुवार के भी असम समेत पूर्वोत्तर में एह बिल के खिलाफ प्रदर्शन जारी रहल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments