Friday, April 26, 2024
Homeअन्ययूपी में जहरीली शराब पियला से 8 लोगन के भईल मौत

यूपी में जहरीली शराब पियला से 8 लोगन के भईल मौत

उत्तर प्रदेश के बाराबंकी में जहरीली शराब पियला से 8 लोगन के मौत हो गईल . एकर संख्या अउर भी बढ़ सकेला , अभीन बहुत से लोगन के हालत गंभीर बाने |
यूपी राजधनी से सटल बाराबंकी के रामनगर इलाका में रानीगंज कस्बा में तीन भाई अउर उनके पिता के मौत हो गईल | परिवार के लोगन के कहनाम बा कि शराब पियला के बाद ओह चारो लोगन के तबियत ख़राब हो गईल | एक भाई के मौत घर ही हो गईल जबकि दो भाई समुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पर दम तोड़ दिहले |
पिता के लखनऊ ट्रॉमा सेंटर के खातिर ले जाईल गईल लेकिन रास्ता में ही दम तोड़ दिहले | परिवार के लोगन के कहनाम बा कि इ लोग सरकारी ठेका से शराब खरीदले रहले | एकरे बाद 4 अउर लोग के मौत हो गईल . अभीन आधा दर्जन से अधिक लोग अस्पताल में भर्ती बाने अउर उनकर स्थिति बेहद गंभीर बतावल जात बा मृतक के संख्या अउर भी बढ़ सकला हालांकि डॉक्टर अपने ओर से बचावे के खातिर पूरा कोशिश कर रहल बाने |
यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जनपद बाराबंकी में शराब से भईल लोगन के मृत्यु पर गहरा शोक व्यक्त कईले बाने |यूपी सरकार 2-2 लाख रुपया मुआवजा दिहले के ऐलान कोयले बा | उ जिलाधिकारी तथा पुलिस अधीक्षक के तत्काल मौका पर पहुंच के प्रभावित लोगन के समुचित चिकित्सा मुहैया करावे के खातिर गईला के आदेश दिहले बाने अउर जे भी दोषि बा ओकरे विरुद्ध कड़ी कार्रवाई कईला के निर्देश दिहले बाने |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments