Saturday, April 27, 2024
Homeराजनीतिआप के एगो अउर विधायक शामिल भईले बीजेपी में

आप के एगो अउर विधायक शामिल भईले बीजेपी में

आम आदमी पार्टी (आप) के फिर से एगो बड़ा झटका लागल बा | दिल्ली के बिजवासन से विधायक (MLA) देवेंद्र सहरावत आज बीजेपी में शामिल हो गईले | देवेंद्र सहरावत AAP के तीसरे विधायक हवे जे आप पार्टी के साथ छोड़के बीजेपी में शामिल भईल बा | उनके केंद्रीय मंत्री विजय गोयल और बीजेपी विधायक विजेंदर गुप्ता बीजेपी के सदस्यता दिवौले |

आप के दुगो विधायक अइसने समय पर बीजेपी में शामिल भईल बाने हैं जब बीजेपी कुछ दिन पहिले दावा कईले कि आप के सात विधायक ओकरे संपर्क में बाने .ओहि आम आदमी पार्टी बीजेपी के ऊपर MLA लोगन के खरीद -फरोख्त के आरोप लगउले बा | एसे पहिले 3 मई के गांधी नगर से विधायक (MLA) अनिल बाजपेयी बीजेपी में शामिल हो गईले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments