Friday, April 26, 2024
Homeअन्यUPPSC में धांधली के लेके सीएम योगी दिहले चेतावनी

UPPSC में धांधली के लेके सीएम योगी दिहले चेतावनी

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग के परीक्षा में भईल गड़बड़ी के गंभीरता से लिहला के बाद कहले कि युवा लोगन के भविष्य से खेले वाले लोगन के जेल के सलाखों के पीछे भेजल जाई | इधर सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव प्रदेश लोकसेवा आयोग द्वारा वर्ष 2017 से अब तक करावल गईल परीक्षा के सीबीआई जांच करौले के मांग कईले बाने |
मुख्यमंत्री योगी कहले कि आयोग के परीक्षा भईल धांधली के शिकायत पर सरकार करवाई कईले बा | लोक सेवा आयोग एक स्वायत्त संस्था हवे अउर राज्य सरकार ओकरे कामकाज में हस्तक्षेप कभी भी ना करेले | , लेकिन परीक्षा में कउनो तरह के गड़बड़ी ना होवें पावे , एकर जिम्मेदारी राज्य सरकार के हवे . जे लोग भी युवा लोगन के भविष्य के साथ खिलवाड़ करि , ओके जेल के सलाखों के पीछे भेजल जाई | पिछले सरकार में गलत लोगन के चयन के बाद धांधली जइसन घटना अब सामने आवत बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments