Saturday, April 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणदिल्ली मुम्बई में भी डॉक्टर लोगन के हड़ताल ,मरीज भईले परेशान

दिल्ली मुम्बई में भी डॉक्टर लोगन के हड़ताल ,मरीज भईले परेशान

पश्चिम बंगाल में लोकसभा चुनाव से शुरू भईल राजनीतिक लड़ाई अब सिस्टम के लड़ाई बनत जात बा | इहा एगो जूनियर डॉक्टर के साथ भईल मारपीट के घटना से मेडिकल एसोसिएशन में गुस्सा बा | डॉक्टर हड़ताल पर चल गईल बाने | बंगाल में डॉक्टर लोगन के हड़ताल के असर अब देश के बाकी  हिस्सा में भी दिखल शुरू हो गईल बा | दिल्ली, यूपी, मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र समेत देश के कई हिस्सा में डॉक्टर काम कईला से इनकार कई दिहले बाने | DMA के ओर से आज दोपहर दिल्ली के राजघाट के पास प्रेस कॉन्फ्रेंस भी कईल जाई | बंगाल में डॉक्टर लोगन के हड़ताल के असर अब देश के अन्य हिस्सा में भी दिखाई देत बाने | राजधानी दिल्ली में दिल्ली मेडिकल एसोसिएशन हड़ताल बुलवाले बा , जेकर असर AIIMS जइसन बड़े अस्पताल में भी देखे के मिल रहल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments