पश्चिम बंगाल में लोकसभा चुनाव से शुरू भईल राजनीतिक लड़ाई अब सिस्टम के लड़ाई बनत जात बा | इहा एगो जूनियर डॉक्टर के साथ भईल मारपीट के घटना से मेडिकल एसोसिएशन में गुस्सा बा | डॉक्टर हड़ताल पर चल गईल बाने | बंगाल में डॉक्टर लोगन के हड़ताल के असर अब देश के बाकी हिस्सा में भी दिखल शुरू हो गईल बा | दिल्ली, यूपी, मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र समेत देश के कई हिस्सा में डॉक्टर काम कईला से इनकार कई दिहले बाने | DMA के ओर से आज दोपहर दिल्ली के राजघाट के पास प्रेस कॉन्फ्रेंस भी कईल जाई | बंगाल में डॉक्टर लोगन के हड़ताल के असर अब देश के अन्य हिस्सा में भी दिखाई देत बाने | राजधानी दिल्ली में दिल्ली मेडिकल एसोसिएशन हड़ताल बुलवाले बा , जेकर असर AIIMS जइसन बड़े अस्पताल में भी देखे के मिल रहल बा |