Saturday, April 27, 2024
Homeराजनीतिसंसद के पहिले सत्र में ट्रिपल तलाक पर बन सकेला नया अध्यादेश

संसद के पहिले सत्र में ट्रिपल तलाक पर बन सकेला नया अध्यादेश

2019 के लोकसभा चुनाव में प्रचंड बहुमत से जीतला के बाद केंद्र के मोदी सरकार 17वीं लोकसभा के पहिले संसद सत्र में 10 अध्यादेश के कानून बनौले के तैयारी में बाने | ट्रिपल तलाक , इंडियन मेडिकल काउंसिल (संशोधन), अनियमित जमा योजना के अध्यादेश पर प्रतिबंध, 2019, जम्मू अउर कश्मीर आरक्षण (संशोधन बिल), आंध्र एंड अदर लॉज (अमेंडमेंट), न्यू दिल्ली आरबिट्रेशन सेंटर, होम्योपैथिक सेंट्रल काउंसिल (संशोधन बिल) और स्पेशल इकोनॉमिक जोन समेत 10 बिल बाने जेके मोदी सरकार पिछले सरकार में संसद से पास नाहीं करवा पवले रहले |

एह पर सरकार के अध्यादेश ले आवे के पड़ल रहे | सरकार एह विधेयक के संसद के एही सत्र में दुनों सदन से पास करा के कानून का रूप देवल चाहत बाने | अगर 10 विधेयक के एह सत्र में सरकार दुनो सदन से पास नाहीं करा पवले तब तो एह विधेयक पर फिर से अध्यादेश के लावे के पड़ सकेला |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments