Saturday, April 27, 2024
Homeराजनीतिममता बनर्जी भाजपा के दफ्तर पर तृणमूल के चिन्ह बनौली

ममता बनर्जी भाजपा के दफ्तर पर तृणमूल के चिन्ह बनौली

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अउर भाजपा के बीच विवाद ख़त्म भईला के नाम नईखे लेत बा | लोकसभा चुनाव के बाद भी विवाद जारी बा । एक मामला उत्तर 24 परगना के नैहाटी में सामने आयिल बा । जेमे  ममता 30 मई के आपन  पार्टी कार्यालय पर कब्जा के आरोप लगाईला के बाद भाजपा के कमल निशान के मिटाके आपन तृणमूल पार्टी के चिह्न बना लेहिली  । इ पर केंद्रीय मंत्री बाबुल सुप्रियो कहले कि दीदी के गेट वेल सून कार्ड जल्द ही भेजल जाई ।

सोमवार के आसनसोल से भाजपा सांसद सुप्रियो कहले कि ममता एक अनुभवी नेता हईन , लेकिन कुछ समय से उनके बर्ताव बदल गइल बा  । उनके अपना पद के गरिमा के अनुरूप दिमाग के स्थिर राखेके चाही । उ बंगाल में भाजपा के मौजूदगी से बौखला गईल बाड़ी।उनके आराम के जरुरत बा | हम आसनसोल लोकसभा क्षेत्र के ओर से दीदी के गेट वेल सून कार्ड भेजब।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments