Saturday, April 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकल दोपहर से लापता भईल विमान AN-32 के खोज अभिन भी जारी

कल दोपहर से लापता भईल विमान AN-32 के खोज अभिन भी जारी

कल दोपहर से लापता भारतीय वायुसेना के विमान एएन -32 की खोज अभिन भी जारी बा | वायुसेना अउर थल सेना बड़े स्तर पर सर्च ऑपरेशन जारी कईले बाने | रूस निर्मित एएन -32 परिवहन विमान असम के जोरहाट से दोपहर 12 बजकर 27 मिनट पर अरुणाचल प्रदेश के शि-योमी जिले के मेनचुका एडवांस्ड लैंडिंग ग्राउंड के खातिर उड़ान भरले रहल | लेकिन करीब 33 मिनट बाद ओकर जमीनी नियंत्रण से संपर्क टूट गईल |
विमान में चालक दल के आठ सदस्य अउर पांच यात्री सवार रहले | लापाता विमान के पता लगावे के खातिर वायुसेना भारतीय थलसेना के साथ-साथ विभिन्न सरकारी एजेंसी के मदद ले रहल बाने | लापता विमान के पता लगावे के खातिर वायुसेना दो एमआई -17 हेलिकॉप्टर के अलावा सी -130 जे अउर एएन -32 विमान लगावल गईल बा | जबकि थल सेना अत्याधुनिक हल्के हेलिकॉप्टर सर्च ऑपरेशन खातिर लगउले बा | वायुसेना कल के एक बयान में कहले कि दुर्घटना स्थल के संभावित जगह के लेके कुछ सूचना मिलल रहे | हेलिकॉप्टर के ओह जगह पर भेजल गईल रहे लेकिन अभिन तक कउनो मलबा दिखयी नाही दिहले बा | “

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments