Friday, April 26, 2024
Homeराजनीतिओडिशा में लगातार 5वीं बार नवीन पटनायक सरकार, आंध्रप्रदेश में जगनमोहन...

ओडिशा में लगातार 5वीं बार नवीन पटनायक सरकार, आंध्रप्रदेश में जगनमोहन रेड्डी के सरकार

लोकसभा चुनाव के मतगणना के साथ 4 राज्य में विधानसभा के चुनाव के मतगणना हो रहल बा | ओडिशा में नवीन पटनायक लगातार पांचवीं बार सरकार बनावे जा रहल बाने । उनकर पार्टी बीजद 115 सीट पर बढ़त बनौले बाने। एहसे पहिले उनकर पार्टी 2000, 2004, 2009 अउर 2014 में सरकार बनौले रहले | भाजपा के एह बार विधानसभा चुनाव में सीट के फायदा मिल सकला । पार्टी के 20 सीट मिलले के आसार बा ।

आंध्रप्रदेश विधानसभा चुनाव के नतीजों में वाईएसआर कांग्रेस के बहुमत मिल गईल बा । 46 साल के जगनमोहन रेड्डी राज्य के अगला मुख्यमंत्री हो सकेले । उ 30 मई के सपथ ले सकेले । मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू आज आपन इस्तीफा राज्यपाल ईएसएल नरसिम्हन के दे सकेलें |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments