लोकसभा चुनाव 2019 के अंतिम चरण के वोटिंग रविवार के ख़त्म हो गईल | चुनाव ख़त्म भईला के बाद देश के प्रधानमंत्री के बनी इ सबसे बड़ा सवाल बाने | 8 चैनल के एग्जिट पोल के अनुसार NDA सरकार के बहुमत मिलत बा | मतलब एह बार भी नरेंद्र मोदी जी के प्रधानमंत्री बनले के आसार बाने |
टाइम्स नाउ के सर्वे के अनुसार एनडीए के 306 सीट मिल रहल बा | कांग्रेस के 132 सीट अउर अन्य के 104 सीट मिल रहल बा | आज तक के सर्वे में एनडीए के 352 सीट, कांग्रेस के 92 सीटें अउर अन्य के 82 सीट मिल रहल बा | इंडिया टीवी अपने सर्वे में 300 सीटें एनडीए के , कांग्रेस के 120 सीट अउर अन्य के 122 सीट मिल रहल बा | न्यूज़ 24- चाणक्या के सर्वे में एनडीए के 350 सीटें मिल रहल बा | कांग्रेस के 95 अउर अन्य के 97 सीट मिल रहल बा | फ़िलहाल एग्जिट पोल में NDA बहुमत में बा | फिर भी देश के प्रधानमंत्री के बनी आवे वाला 23 मई 2019 के पता चल जाई |