Friday, April 26, 2024
Homeव्यापारपेट्रोल अउर डीजल के दाम में भईल कटौती

पेट्रोल अउर डीजल के दाम में भईल कटौती

लोकसभा चुनाव के परिणाम अईले के बाद पहिली बार पेट्रोल अउर डीजल के कीमत में कटौती भईल हवे | लगातार बढ़ोतरी के बाद पेट्रोल अउर डीजल के कीमत में कटौती भईल हवे | पेट्रोल आज 6 पैसे प्रति लीटर जबकि डीजल 6-7 पैसे प्रति लीटर सस्ता हो गईल | ऐसे पहिले पेट्रोल के दाम में 18 मई , डीजल के दाम में 14 मई के कटौती कईल गईल | इंडियन आयल के वेबसाइट के अनुसार, दिल्ली, कोलकता, मुंबई अउर चेन्नई में पेट्रोल के दाम घटके क्रमश: 71.80 रुपए, 73.86 रुपए, 77.41 रुपये अउर 74.53 रुपए प्रति लीटर हो गईल । डीजल के दाम भी चारों महानगर में घटकर क्रमश: 66.63 रुपए, 68.39 रुपए, 69.82 रुपए अउर 70.43 रुपए प्रति लीटर हो गईल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments