Friday, April 26, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणईस्टर के दिन भईल कोलंबो और श्रीलंका के कई इलाकन ...

ईस्टर के दिन भईल कोलंबो और श्रीलंका के कई इलाकन मे बम धमाका

श्रीलंका (Sri Lanka) में तीन गिरजाघरन और तीन होटलन में एक के बाद एक भइल विस्फोटन (Sri Lanka Blasts) में मरे वालन की संख्या बढ़कर 207 हो गईल और 400 से ज्यादा लोग घायल भइल बाने . अधिकारी लोग इ जानकारी देहलें .

श्रीलंका के कई इलाकन में ईस्टर के दौरान 8 बम धमाके भइल. धमाका तीन चर्च और 4 होटल में भइल. घटना में मरने वाला का आंकड़ा बढ़ के 215 पहुंच चुकल बा . वहीं ताजा आकड़न के मुताबिक घायलन की तादाद भी 500 से ज्यादा बताई गइल बा . मरे वालन में 35 विदेशी बाने . पुलिस कहलस कि कोलंबो में सेंट एंथनी चर्च, नौगोंबो में सेंट सेबेस्टियन चर्च और बट्टिकलोबा में एक चर्च के निशाना बनावल गइल . एकरे अलावा होटल शांग्री-ला, सिनामोन ग्रैंड और किंग्सबरी में भी धमाका भइल बाने.

विदेश मंत्री सुषमा स्वराज ट्ववीट कइली कि हम श्रीलंका के विदेश मंत्री तिलक मरपाना से बात कइले बानी . उ घटना के पुष्ट‍ि कइले बाने . सुषमा स्वराज जी के मुताबिक, कोलंबो में भारतीय उच्चायोग जानकारी दिहले बा कि नेशनल हॉस्पिटल ने रविवार के भइल बम धमाकन में तीन भारतीय नागरिकन के मृत्यु के बारे में सूचित कइले बाने . मृतक भारतीयन के नाम लक्ष्मी, नारायण चंद्रशेखर और रमेश बतावल जात बा .

ओहीं, केरल के मुख्यमंत्री पिनराई जी जानकारी दिहलेे बाने कि इ बम धमाकन में मरे वालन में एक केरल की महिला भी शामिल बानी . उ बतौले कि कासरगोड के रहे वाली 58 वर्षीय पी एस रसिना के शव के जल्दी से जल्दी वापस ले आवे ख़ातिन कदम उठावल जात बाने .

केरल सरकार ने श्रीलंकाई सीरियल ब्लास्ट पीड़ितन के सहायता ख़ातिन मेडिकल टीम बनवले बा . सीएम पिनाराई विजयन के निर्देश पर राज्य के स्वास्थ्य मंत्रालय भी श्रीलंका में सहायता के ख़ातिन 15 विशेषज्ञन के मेडिकल टीम बनवाल गइल बाने.

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments