Friday, April 26, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणनेपाल में भईल तीन बम धमाका , 4 लोगन के भईल मौत...

नेपाल में भईल तीन बम धमाका , 4 लोगन के भईल मौत 7 से ज्यादा घायल

नेपाल में रविवार सुबह अलग-अलग तीन स्थान पर भईल बम धमाका में 4 लोगन के मौत हो गईल अउर 7 से ज्यादा लोग घायल हो गईल बाने | मिलल जानकारी के अनुसार इ बम धमाका सुखेधरा, घट्टेकुलो अउर नगधुंगा इलाका में भईल | बम धमाका के बाद 9 लोगन के गिरफ्तार कइके पूछताछ जारी बा |
धमाका के बाद से ही पुलिस एह इलाके के घेराबंदी बढ़ा दिहले बा अउर लोगन के आवाजाही पे रोक लगा दिहले बा | बम धमाका में भईल घायल लोगन के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गयिल बा | मिलल जानकारी के मुताबिक सुरक्षाबल के भारी मात्रा में तैनात कईल गईल बा अउर काठमांडू से सटल इलाका में हाई अलर्ट भी जारी कईल बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments