Saturday, April 27, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी सिनेमाऐश्वर्या राय के मीम पर बवाल भईला के बाद विवेक ओबेरॉय मगले...

ऐश्वर्या राय के मीम पर बवाल भईला के बाद विवेक ओबेरॉय मगले माफ़ी

अभिनेता विवेक ओबेराॅय ऐश्वर्या राय पर शेयर कईल गईल मीम पर माफी मांग लिहले बाने। ओबेराॅय लिखले कि , “कब्बो – कब्बो पहीले नजर में एक इंसान के मजाक लागल ला ,इ जरूरी नाहीं हवे कि दूसरे के भी मजाक लगे । हम 10 साल में 2000 से ज्यादा वंचित लड़की लोगन के मजबूत बनउले के काम कईले बानी । हम कब्बो कउनो महिला के अपमान के बारे में सोच भी ना सकीले ।” विवेक ट्वीट के डिलीट कई के कहले कि अगर कउनो भी महिला के उनके ट्वीट से कष्ट भईल होखे त उनके एह बात के खेद हवे ।
विवेक कहले कि मजाक में शेयर की गई फोटो में जे लोग शामिल बा , उनके एह बात से कउनो आपत्ति नाहीं बा । लेकिन कई नेता एह मुद्दा  पर राजनीति कईला में जुटल बाने । इ लोग असली मुददा पर काम नाहीं करेले अउर अयीसन बातिन के मुद्दा बनावले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments