Sunday, April 28, 2024
Homeमनोरंजनकथा कहानीभोजपुरी फिल्म 'पंख' के शूटिंग पर आईल अपडेट, विदेशी धरती पर होई...

भोजपुरी फिल्म ‘पंख’ के शूटिंग पर आईल अपडेट, विदेशी धरती पर होई शूटिंग, जानी स्टार कास्ट

भोजपुरी इंडस्ट्री के दायरा दिन-प्रतिदिन बढ़त जा रहल बा। सिर्फ हमारे देश में ही ना ही बल्कि विदेशों में भी अब भोजपुरी फिल्में देखल जात बा। एतना ही ना ही भोजपुरी इंडस्ट्री के कई बड़ी फिल्म के शूटिंग भी अब मेकर्स विदेशी लोकेशन पर होत बा। ऐसे में भोजपुरी म्यूजिक कंपनी वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स भी आपन नई फिल्म के शूटिंग विदेशी लोकेशन पर करे के पूरी तैयारी कर लीहले बा। वर्ल्डवाइड रिकॉर्ड के बैनर तले बने जा रहल भोजपुरी फिल्म ‘पंख’ के शूटिंग एही महीना यानी की मई माह में शुरू होखे वाला बा। 

का बा फिल्म की स्टार कास्ट
फिल्म के कहानी के अनुसार पंख के शूटिंग विदेशी जमीं पर कईल जाई। काहे की फिल्म के सिचुएशन विदेशी लोकेशन से मैच करत बा। फिल्म के मुख्य कलाकारों में रीना रानी, श्वेता महारा, सबा खान, माही श्रीवास्तव, शशि रंजन बाड़े। इनके अलावा फिल्म में कई और कलाकार बाड़े जिनकर नाम के घोषणा जल्द ही कईल जाई। फिल्म के निर्माता रत्नाकर कुमार और सह निर्माता कुलदीप श्रीवास्तव बाड़े। फिल्म के निर्देशन आपन यूनिक स्टाइल के खातिर जाने वाला निर्देशक पराग पाटिल करिहे। फ़िल्म के म्यूजिक आर्या शर्मा दिहे। फिल्म के पीआर डब्ल्यूडब्ल्यूआर टीम कर रहल बा। 

‘टुनटुन’ और ‘कलाकंद’ के शूट खत्म
उल्लेखनीय बा कि ऐसे पहले वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स के बैनर तले जेतना भी फिल्म के निर्माण कईल गईल बा। उ सभी साफ सुथरी व परिवार के साथ बैठकर देखे लायक फिल्म बनावल गईल बा। जेमे खेसारी लाल यादव और काजल राघवानी के ‘संघर्ष, पवन सिंह, प्रियंका रेवरी, प्रियंका पंडित के ‘पवनपुत्र’, दिनेश लाल यादव निरहुआ, आम्रपाली दुबे, यामिनी सिंह स्टारर ‘लल्लू की लैला’, अवधेश मिश्रा निर्देशित ‘बाबुल’ बा। इ सभी फिल्म भोजपुरिया दर्शकों के एक बार फिर से सिनेमाघरों में लौटे पर मजबूर कर देले रहे। बता दी कि रत्नाकर कुमार प्रस्तुत भोजपुरी फ़िल्म ‘टुनटुन’ और ‘कलाकंद’ के हालही में शूटिंग समाप्त भईल बा। ऐमें से टुनटुन के पिछला दिन ही फर्स्ट लुक जारी कईल गईल रहे। जेकर दर्शक बहुत अधिक सराहना कईले बाड़े।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments