Friday, April 26, 2024
Homeराजनीतिलोकसभा चुनाव के 6वे चरण में एह दिग्गजन के किस्मत दाव...

लोकसभा चुनाव के 6वे चरण में एह दिग्गजन के किस्मत दाव पर

लोकसभा चुनाव के छठे चरण के खातिर वोटिंग 12 मई के होइ | छठे चरण में सात राज्यों की 59 सीट पर वोट पड़ी | एह चरण में भी कई राजनीतिक दिग्गजन के किस्मत दांव पर लागल बा | सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव, कांग्रेस के वरिष्ठ नेता दिग्विजय सिंह, कांग्रेस का युवा नेता ज्योतिरादित्य सिंधिया, दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री शीला दीक्षित और बीजेपी के दिल्ली प्रदेश अध्यक्ष मनोज तिवारी, प्रज्ञा सिंह ठाकुर समेत कई नेता लोगन के भाग्य दाव पर लागल बा |

आजमगढ़ सीट से समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव के मुकाबला बीजेपी के दिनेश लाल यादव उर्फ निरहुआ से बा ओहि दूसरे ओर इलाहबाद से बीजेपी उम्मीदवार रीता बहुगुणा के मुकाबला कांग्रेस के योगेश शुक्ला से तथा सुल्तानपुर से बीजेपी मंत्री मेनका गाँधी के मुकाबला संजय सिंह से बाने | ओहि मध्य प्रदेश के बात कईल जा तब भोपाल सीट पर बीजेपी के प्रज्ञा सिंह ठाकुर के मुकाबला कांग्रेस के दिग्विजय सिंह से बाने | दिल्ली के बात कईल जा तब दिल्ली बीजेपी अध्यक्ष मनोज तिवारी उत्तर पूर्वी दिल्ली सीट से शिला दीक्षित के टक्कर देत बाने | केकरे सिर पर ताज सजी एकर फैसला 23 तारीख के मतगणना के बाद पता चली |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments