Sunday, May 19, 2024
Homeयुवाकोटा से तीन ट्रेनन में बिहार के काेचिंग स्टूडेंट्स घर भइले रवाना

कोटा से तीन ट्रेनन में बिहार के काेचिंग स्टूडेंट्स घर भइले रवाना

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली (पीयूष धर द्विवेदी )

कोटा से बिहार के काेचिंग छात्र भी आखिर रविवार के तीन ट्रेनन से आपन-आपन घरन के रवाना हाे गइलें । इनकर खातिर पहले दाे ही स्पेशल ट्रेनाें की व्यवस्था करल गइल रहल , लेकिन स्टूडेंट्स के भीड़ के देखकर लाेकसभा अध्यक्ष ओम बिरला रेल मंत्री से बात करके एक अतिरिक्त ट्रेन के और व्यवस्था करवइने ,इ तरह से तीन ट्रेनन से 3255 स्टूडेंट्स काेटा से रवाना भइने ।

काेटा से बिहार के छात्राें के लिए 3 से 6 मई तक स्पेशल ट्रेनें चलावे के व्यवस्था की करल गइल बा एमे से रविवार के दाे ट्रेनें काेटा से रवाना हाेवे वाला रहनी , जउन सुबह 9.30 बजे काेटा से बेगूसराय व रात के 9 बजे काेटा से गया जावे वाला रहनी , जैसे ही बिहार के छात्रन के ट्रेन जाये के सूचना मिलल , उ लोग रविवार के सवेरे ही स्टेशन पर पहुंच गएलें , उहां भारी भीड़ के कारण अव्यवस्था फैल गइल । एही बीच में पहली ट्रेन बेगूसराय खातिर 1210 छात्राें के लेकर दाेपहर में 12 बजे रवाना भइल ।

रविवार को दो जोन बेगूसराय एवं गया खातिर ट्रेनें रवाना भइल । जेमे बिहार के 13 शहरों के छात्रन के घर वापसी भइल बा । दोपहर में प्लेटफार्म नम्बर-1 से दो ट्रेनें बंका, बेगूसराय, भागलपुर, जमुई, खगरिया, लखीसराय, मुंगेर, शेखपुरा के छात्राें को लेकर गई, जबकि तीसरा ट्रेन रात 9 बजे अरवाल, औरंगाबाद, गया, जहानाबाद एवं नवादा के लिए प्लेटफार्म नम्बर-1 से रवाना भइल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments