उत्तर प्रदेश के कन्नौज में शुक्रवार रात हुए भीषण हादसे में यात्रियन से भरल बस देखते ही देखते आग के गोला बन गइल एह हादसे में 20 लोगन के मौत हो गईल। जबकि 25 लोगन के जख्मी हालत में बाने जिनके हॉस्पिटल में भर्ती कईल गईल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, कांग्रेस नेता राहुल गांधी, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह दुख व्यक्त कईले।
एह प्राइवेट बस में 40 से ज्यादा लोग सवार रहले। बस फर्रुखाबाद से जयपुर खातिर जा रहल। कल रात 8 बजे के करीब कन्नौज के घिलोई गांव के पास बस अउर ट्रक में आमने-सामने टक्कर हो गईल। टक्कर लगते ही बस के डीजल टैंक में आग लग गईल अउर एतना तेजी से आग फइलल कि कई लोगन के बस से निकलने के मौका ही ना मिलल।मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हादसे पर दुख व्यक्त कईले अउर कोहरे के हादसे के वजह बतवले। सरकार के ओर से मृतकन के परिवार के 2 लाख अउर घायलन के 50 हजार मुआवजा दिहल जाई।
news source- social media