Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणअब आसानी से कईल जा सकी रिपोर्ट, तुरंत शुरू होइ जाँच

अब आसानी से कईल जा सकी रिपोर्ट, तुरंत शुरू होइ जाँच

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह शुक्रवार के ‘भारतीय साइबर अपराध समन्वय केंद्र'(आई4सी) अउर ‘राष्ट्रीय साइबर अपराध रिपोर्टिंग पोर्टल’ के उद्घाटन कईले। एह पोर्टल के जरिए देश भर में कहीं भी घटल साइबर क्राइम के रिपोर्ट के एक क्लिक में दर्ज करवा सकीले। गृह मंत्रालय के ओर से जारी बयान के मुताबिक इ पोर्टल साइबर संबंधी शिकायतन पर सभी राज्य अउर केंद्र शासित प्रदेशन में कानून प्रवर्तन एजेंसियन के आवश्यक कार्रवाई कईले के अनुमति देई।

एह पोर्टल पर दर्ज रिपोर्ट के आधार पर संबंधित राज्य के जांच एजेंसियां खुद-ब-खुद जांच शुरू कई दी। गृहमंत्रालय के आधिकारिक प्रवक्ता बतवले कि पोर्टल के पायलट प्रोजेक्ट के रूप में 30 अगस्त 2019 के शुरू कईल गईल। पायलट प्रोजेक्ट के मिलल सफलता के आधार पर एके देश भर में लांच कई दिहल गईल।

पोर्टल के शुरुआत कईला के बाद गृह मंत्री एकरे बारे में बोलले कि देश भर के 700 जिला अउर 3900 से अधिक थाने के एह पोर्टल से जोड़ल जा चुकल बा। अमित शाह कहले कि एह पोर्टल से जांच एजेंसियों के बीच आपसी तालमेल बढ़ी।

 

Image- Source

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments