Thursday, May 9, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोविन पोर्टल में नया बदलाव, अब कोवीशील्ड या कोवैक्सिन में से चुने...

कोविन पोर्टल में नया बदलाव, अब कोवीशील्ड या कोवैक्सिन में से चुने के विकल्प मिली, वैक्सीनेशन के समय OTP बतावे के हो।

भारत में 18+ के सभी के वैक्सीन लगे शुरू हो चुकल बा। जेकरे लिए कोविन पोर्टल पर रजिस्ट्रेशन जरूरी बा। हाल ही में कोविन पोर्टल में गड़बड़ि के शिकायत के बाद बदलाव कयल गयल बा। दरअसल जवन लोगों भी वैक्सीनेशन के लिए अपॉइंटमेंट कइले रहले, लेकिन कउनो कारणवश उ वैक्सीन लगवाने ना जा पइले उ भी वैक्सीन लगले के मैसेज मिलले लगल रहे। उनके शिकायत के बाद स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय पोर्टल में बदलाव कयल गयल बा।

का बा नया बदलाव?
ए नया बदलाव के तहत अब वैक्सीन रजिस्ट्रेशन के बाद अगर आप अपॉइंटमेंट बुक करत बानी त आपके मोबाइल नंबर पर 4 अंक के एक OTP आई। इ OTP के आपके वैक्सीनेशन सेंटर पर दिखावे के होई। जेसे ई वेरिफाई हो सकेला कि ई अपाइंटमेंट आप खुद बीक कइले बानी की केहू अउर। एकरे साथ ही इससे वैक्सीनेशन के डाटा में भी गड़बड़ी ना हो सकेला।

काहें कयल गयल बदलाव?
दरअसल स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय के पास शिकायत आवत रहे कि जे वैक्सीनेशन के लिए अपॉइंटमेंट बुक कईले बा, लेकिन वैक्सीन लगवावे ना जा पइले बा, उनके भी वैक्सीन लगववे के मैसेज आ गयल रहे। उ वैक्सीनेशन के प्रमाणपत्र भी जारी हो गयल बा। मंत्रालय के कहना बा कि अइसन एकरे वजह से भायल क्योंकि वैक्सीन लगावे वाले स्वास्थ्य कर्मि ने गलती से अइसन लोगन के भी वैक्सीन लगावे के पुष्टि कर देले बाने जे कोविन पोर्टल पर रजिस्ट्रेसन करइले रहे।

पोर्टल में नया बदलाव के जरिये आपके ए बात के जानकारी भी पाहिले दे देबल जाए कि आपके कवन वैक्सीन लगावल जा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments