Saturday, May 4, 2024
Homeटेक्नोलॉजीसरकार कहलस भ्रम के कउनो बात नइखे : आरोग्य सेतु विवाद

सरकार कहलस भ्रम के कउनो बात नइखे : आरोग्य सेतु विवाद

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

सरकार इ स्पष्ट कइले बिया कि आरोग्य सेतु ऐप उहे बनइले बिया । ए बारे में my gov और डिजिटल इंडिया के सीईओ अभिषेक सिंह एगो बयान जारी कइले बाने । बयान में कहल गइल बा कि, आरोग्य सेतु ऐप के नेशनल इनफॉर्मेटिक्स संटर (एनआईसी) और सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय मिल कर बनइले बा और इ काम में देश के सर्वश्रेष्ठ दिमाग के सहयोग लिहल गइल बा ।

एसे पहले बुधवार के इ ऐप के डेवलपमेंट के लेकर सवाल उठल रहल । एक आरटीआई में सवाल पूछल गइल रहल कि इ ऐप के बनइले बा त कउनो स्पष्ट जवाब ना मिलल रहल । तब इस मामले में केंद्रीय सूचना आयोग ,भारत सरकार के नोटिस जारी कर दिहले रहल । 

केंद्रीय सूचना आयोग नेशनल इन्फ़ॉर्मेटिक सेंटर से जवाब मांगले रहल कि जब आरोग्य सेतु ऐप की वेबसाइट पर उनकर नाम बा त फिर उसके पास इ ऐप के बनाए जावे से संबंधित विस्तृत जानकारी काहें नइखे ?

केंद्रीय सूचना आयोग इस संबंध में नेशनल ई-गवर्नेंस डिवीज़न, इलेक्ट्रॉनिक्स एवं सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय और नेशनल इन्फ़ॉर्मेटिक सेंटर के सूचना अधिकारियन के नाम कारण बताओ नोटिस जारी कइले रहल । इ नोटिस में उनसे पूछल गइल रहल कि सूचना देवे में टाल-मटोल करे खातिर उन पर आरटीआई एक्ट की धारा के तहत काहे न अर्थ दंड लगा दिहल जाए ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments