Saturday, May 11, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपिछला हफ्ता दुनिया से विदा भइली कई प्रमुख हस्ती

पिछला हफ्ता दुनिया से विदा भइली कई प्रमुख हस्ती

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

पिछला हफ्ता में देश दुनिया के कई नामी लोग दुनिया छोड़ के चल गइने आईं जानल जा

डिएगो मैराडोना

1986 विश्व कप में अर्जेंटीना की जीत के नायक डिएगो मैराडोना के बुधवार रात निधन हो गइल .पेले के साथ दुनिया के सर्वश्रेष्ठ फुटबॉलरों में गिनल जाये वाला मैराडोना 60 वर्ष के रहने . पिछला लंबे समय से उ कोकीन की लत के आदी रहने और मोटापे से जुड़ल कई परेशानियों से जूझत रहेने .30 अक्टूबर 1960 के  अर्जेंटीना की राजधानी ब्यूनस आयर्स के एक उपनगर लेनस में जनमले मैराडोना एक फैक्टरी कर्मचारी के आठ में से पांचवी संतान रहने .अर्जेंटीना में तीन दिन के राष्ट्रीय शोक के घोषणा कर दिहल गइल बा . दुनिया भर के फुटबॉल प्रेमियन में इ खबर से शोक के लहर दौड़ गईल बा और सोशल मीडिया पर इ महान फुटबॉलर के शृद्धांजलि दिहल जात बा .दो सप्ताह पहले ही दिमाग के ऑपरेशन के बाद उनके अस्पताल से छुट्टी दिहल गईल रहल .

विश्व कप 1986 में इंग्लैंड के खिलाफ क्वार्टर फाइनल में ‘हैंड ऑफ गॉड’ वाले गोल के कारण फुटबॉल की किवदंतियों में आपन नाम शुमार करावे वाला मैराडोना दो दशक से ज्यादा आपन कैरियर में फुटबाल प्रेमियों के चहेता रहलन . नशे की लत उनकर साख के खासा ठेस पहुंचइलस , लेकिन उ फुटबॉल केचहेतन खातिर ‘गोल्डन बॉय’ बनल रहले .

मौलाना कल्बे सादिक

ऑल इंडिया मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के उपाध्यक्ष एवं जाने-माने शिया धर्मगुरु मौलाना कल्बे सादिक के 24 नवम्बर, मंगलवार देर रात निधन हो गइल । उ 83 वर्ष के रहने । उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मौलाना के निधन पर दुख व्यक्त कइने । मौलाना सादिक के बेटे कल्बे सिब्तैन नूरी बतइने कि उनके पिता लखनऊ स्थित एरा अस्पताल में रात करीब 10 बजे अंतिम सांस लिहलें ।

कैंसर, गंभीर निमोनिया और संक्रमण से पीड़ित मौलाना सादिक पिछले करीब डेढ़ महीने से अस्पताल में भर्ती रहने । उनके पिछले मंगलवार के तबीयत खराब होवे पर अस्पताल के आईसीयू में भर्ती कराइल गइल रहल , लेकिन उनकर हालत में कउनो सुधार नाहि भइल और मंगलवार के उनकी हालत और भी बिगड़ गईल ओही दिन देर रात उनकर निधन हो गइल ।

अहमद पटेल

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता अहमद पटेल के पिछला बुधवार सुबह निधन हो गइल . एक महीने पहले ही अहमद पटेल कोरोना की चपेट में आइल रहने , जेकरा चलते उनकर तबीयत लगातार खराब चलत रहल . अहमद पटेल के बेटे फैज़ल पटेल इ जानकारी दिहने कि बुधवार सुबह करीब 3.30 बजे अहमद पटेल के निधन हो गइल . कांग्रेस नेता लंबे वक्त से गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में भर्ती रहने . अहमद पटेल के पार्थिव शरीर वडोदरा पहुंचल, जहां से उनके पैतृक गांव ले जाइल गइल . गुरुवार सुबह अहमद पटेल के सुपुर्द ए खाक करल गइल .

अहमद पटेल कोके गुजरात के भरूच स्थित उनके पैतृक गांव पीरामन में ही गु सुपुर्द-ए-खाक करल गइल . अहमद पटेल की ये इच्छा रहल कि उनके उनकर माता-पिता के साथे दफन करल जाए, जेकरा बारे में उ आपन बेटा से कहले रहने .     

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments