Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणआखिर के बनि यूपी के नया DGP? दौड़ में कई लोग शामिल...

आखिर के बनि यूपी के नया DGP? दौड़ में कई लोग शामिल बाने .

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ (रोहित बाजपाई )

उत्तर प्रदेश पुलिस महानिदेशक DGP हितेश चंद्र अवस्थी 30 जून के सेवानिवृत्त होवे वाला बाने । सरकार उनके विस्तार दी या प्रदेश के नया डीजीपी मिली । एके लेकर पुलिस मुख्यालय से सत्ता के गलियारों तक संभावित लोगन के दौड़ चालू बा । ऐसे में चर्चा इ भी बा कि यदि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से गृहविभाग के बोझ हल्का करेने त संभवतः नवनिर्वाचित MLC अरविन्द शर्मा के गृहमंत्री बनाइल जा सकेला । ऐसे में कानून-व्यवस्था की कमान संभाले के साथ ही नए DGP के मुखिया भी नया होइहें ।
फिलहाल हितेश चंद्र अवस्थी के बाद इ कुर्सी के नौ दावेदार बाने । जानल जा उन लोगिन के बारे में :

नासिर कमाल
वरिष्ठता के लिहाज से दावेदारन की सूची में सबसे पहला नाम वर्ष 1986 बैच के आईपीएस अफसर नासिर कमाल के नाम बा । नासिर केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पर बाने और वर्तमान में डीजी एलएनजेएन, एनआईसीएफएस के पद पर तैनात बाने । इनकर रिटायरमेंट जुलाई 2022 में बा । हालांकि चुनावी साल में डीजीपी की कुर्सी के लेकर यह सरकार की पसंद होइहें ए पर संशय बा ।

मुकुल गोयल
दावेदारों की सूची में दूसरा नाम वर्ष 1987 बैच के अफसर मुकुल गोयल के बा । मुकुल गोयल भी केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पर बाने और वर्तमान में एडीजी बीएसएफ के पद पर तैनात बाने । सपा सरकार में एडीजी एलओ के पद पर रहे मुकुल का नाम दावेदारन में सबसे ऊपर चलत बा । इनकर रिटायरमेंट फरवरी 2024 में होवे वाला बा । वेस्ट यूपी के रहे वाले मुकुल गोयल के पक्ष में हवा काफी मजबूत बिया । लेकिन सपा सरकार में अहम तैनाती पर रहल इनकर माइनस पॉइंट भी मानल जात बा । हाल ही में इनके केंद्र में डीजी खातिर इम्पैनलमेंट होवे के रहल लेकिन इनके जगह केंद्र सरकार 1988 बैच के अनिल अग्रवाल के प्राथमिकता दिहलस ।

आरपी सिंह
तीसर नाम डीजी ईओडब्ल्यू (आर्थिक अपराध शाखा) और एसआईटी के पद पर तैनात वर्ष 1987 बैच के अफसर आरपी सिंह के बा । बीते दो सालों के दौरान ईओडब्ल्यू और एसआईटी की कई अहम जांच में ताबड़तोड़ कार्रवाई करके चर्चा में अइले आरपी सिंह इ कुर्सी के अहम दावेदारन में से एक बाने । इनकर तैनाती से पहले इ दोनों ही इकाइयां लगभग निष्क्रिय पड़ल रहे और जांच लंबे समय से अटकल रहल । पावर कॉरपोरेशन, पीएफ घोटाला, बाइक बोट घोटाला, सहकारिता भर्ती घोटाला, मदरसों में फर्जीवाड़ा जइसन जांचन में इनकर तेज कार्रवाई नजीर बनल । आरपी सिंह के फरवरी 2023 में रिटायरमेंट बा ।

विश्वजीत महापात्रा
चौथा नाम वर्ष 1987 बैच के ही विश्वजीत महापात्रा के बा । हाल ही में सीएम की नाराजगी के चलते इनके डीजी सीबी सीआईडी के पद से हटाकर प्रतीक्षारत कर दिहल गइल बा । सरकार बनले के बाद इनके वीवीआईपी वाराणसी जोन के एडीजी बनाइल गइल रहल । लेकिन वर्तमान में सीएम की नाराजगी के चलते इनकर दावेदारी काफी कमजोर मानल जात बा । जुलाई 2022 में इनकर रिटायरमेंट बा ।

गोपाल लाल मीणा
पांचवां नाम एही बैच के गोपाल लाल मीणा के बा । वर्तमान में आप डीजी राज्य मानवाधिकार आयोग के पद पर तैनात बाने और जनवरी 2023 में इनकर रिटायरमेंट बा । लेकिन इनसे भी सीएम के नाराजगी के बाद डीजी होमगार्ड के पद से हटाइल गइल रहल । इनके कार्यकाल में होमगार्ड में ड्यूटी के नाम पर फर्जीवाड़ा घोटाला सामने आएल रहल । जिसकरा बाद इनके हटाइल गइल रहल ।

आरके विश्वकर्मा
दावेदारों में छठे नंबर पर डीजी भर्ती बोर्ड आरके विश्वकर्मा का नाम बा। वर्ष 1988 बैच के आरके विश्वकर्मा के मई 2023 में रिटायरमेंट बा । तेजतर्रार और टेकसेवी अफसरन में इनकर गिनती होला । 112 यूपी प्रॉजेक्ट के गठन में इनकर भी अहम भूमिका रहल। सरकार के जातीय समीकरण की राजनीति के लिहाज से भी इनकर दावेदारी टॉप 5 अफसरों में आवे ला ।

डॉ. देवेंद्र सिंह चौहान
दावेदारों में सातवें नंबर पर एही बैच के अफसर डॉ. देवेंद्र सिंह चौहान बाने । वर्तमान में डीजी इंटेलिजेंस के पद पर तैनात बाने । इनकर रिटायरमेंट मार्च 2023 में होखे वाला बा। सरकार अगर वरिष्ठता के अनदेखा करी त टॉप फाइव दावेदारन में इनकर भी नंबर बा ।

अनिल कुमार अग्रवाल
आठवें नंबर पर वर्ष 1988 बैच के आईपीएस अनिल कुमार अग्रवाल की दावेदारी बा । वर्तमान में केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पर बाने और मिनिस्ट्री आफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्रीज में तैनात बाने । हाल ही में इनकर सचिव स्तर पर केंद्र में इम्पैनलमेंट हुआ है। सपा सरकार में इनकर ही देख रेख में 112 यूपी प्रॉजेक्ट जमीन पर आइल । लंबे समय तक आप एडीजी डायल 100 के पद पर रहने । अप्रैल 2023 में इनकर रिटायरमेंट बा ।

आनंद कुमार
दावेदारों में आखिरी नंबर पर नाम बा डीजी जेल आनंद कुमार का। वर्ष 1988 बैच के आईपीएस आनंद अप्रैल 2024 में रिटायर होंइहें। दावेदारों में सबसे ज्यादा समय इनके पास ही बा । कई मामलों के लिए बदनाम यूपी की जेलन के सुधारने में बड़े पैमाने पर काम कइले बाने । वर्तमान सरकार में लंबे समय तक एडीजी कानून एवं व्यवस्था के पद पर रहते हुए कानून व्यवस्था के पटरी पर लावे में इनकर अहम भूमिका रहल । दावेदारों में टॉप फाइव में इनके भी चर्चा बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments