Thursday, May 2, 2024
Homeराजनीतिमायावती लोकसभा में हार के ठीकरा यादव लोगन पर फोड़ली

मायावती लोकसभा में हार के ठीकरा यादव लोगन पर फोड़ली

लोकसभा चुनावों करारी हार के बाद से ही बीएसपी और समाजवादी पार्टी के गठबंधन के भविष्य के लेके सवाल उठत बा ! मायावती अउर अखिलेश के गठबंधन के लेके ख़तरे के घंटी बज चुकल बा | बसपा पार्टी के मुखिया मायावती बैठक में कहली कि समाजवादी पार्टी से समझौता कईला के कउनो खास फायदा नाही भईल हवे | कई जगह पर यादव वोट गठबंधन के नाही मिलल हवे .अगर यादव वोट मिलल होत तब फिर अखिलेश यादव के पत्नी डिंपल अउर भाई चुनाव नाहीं हरते . मायावती आरोप लगौली कि कुछ सीट पर समाजवादी पार्टी के कार्यकर्ता अउर नेता हमारे ख़िलाफ़ काम कईले | इ अगर नाही होते तब चुनाव के परिणाम कुछ अउर रहत !
मायावती यूपी के 11 विधानसभा सीट पर उप चुनाव लड़ले के फैसला कईले बानी | दिल्ली में अपने घर में उपचुनाव के तैयारी करे के कहली | पिछले दस साल में बीएसपी कउनो भी उपचुनाव नाही लाडल बा | लोकसभा चुनाव जीत के यूपी के दस विधायक अब सांसद बन गईल हवे . जेसे 10 सीट खाली हो गईल बा जेकरा नाते अब ओह सीट पर उपचुनाव होइ |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments