Wednesday, May 15, 2024
Homeटॉप स्टोरीPrithviraj खातिर अक्षय कुमार मानुषी छिल्लर से लिहले 60 गुनी फीस?

Prithviraj खातिर अक्षय कुमार मानुषी छिल्लर से लिहले 60 गुनी फीस?

अक्षय कुमार स्टारर फिल्म पृथ्वीराज हर जगह सुर्खियों में बा। कई वजह से फिल्म के चर्चा बा। फिल्म से मानुषी छिल्लर डेब्यू कर रहल बाड़ी। अक्षय कुमार लीड रोल में बाड़े। सोनू सूद और संजय दत्त भी जबरदस्त किरदार निभा रहल बाड़े।  फिल्म के ट्रेलर आ गईल बा। सोशल मीडिया पर अक्षय कुमार के ट्रोल भी कईल जा रहल बा। त कुछ लोग फिल्म देखने के खातिर बेताब भी बा। ऐ बीच चर्चा बा फिल्म के कास्ट के फीस के। रिपोर्ट्स के मानल जाओ त अक्षय कुमार अकेले एतना फीस लिहले बाड़े कि बाकी के पूरा टीम के टोटल कईल जाओ तब भी उ काफी आगे बाड़े। जानी का बा फीस को लेकर चर्चा।

अक्षय कुमार के मिल रहल बा तगड़ी फीस
अक्षय कुमार फिल्म में पृथ्वीराज के लीड रोल में बाड़े। रिपोर्ट के मुताबिक, अक्षय कुमार के फीस 60 करोड़ रुपये बा। 

संजय दत्त के मिलल ऐतना रुपये
संजय दत्त केजीएफ चैप्टर 2 में आपन जलवा बिखेर चुकल बाड़े । फिल्म में उ काका कन्ह के किरदार निभा रहल बाड़े जे पृथ्वीराज के काका रहले। बतावल जा रहल बा कि संजय दत्त के फीस 5 करोड़ रुपये बा।


सोनू सूद के मिलल एतना फीस
सोनू सूद फिल्म में चंदबरदाई के रोल में बाड़े। रिपोर्ट्स के मुताबिक, सोनू सूद के फीस 3 करोड़ रुपये बा। 


मानुषी छिल्लर के डेब्यू फीस
2017 मिस वर्ल्ड मानुषी छिल्लर फिल्म से बॉलीवुड में कदम रख रहल बाड़ी। ई मूवी में संयोगिता के रोल में बाड़ी। उनकर लुक्स के काफी तारीफ हो रहल बा। बतावल जा रहल बा कि मानुषी के फीस 1 करोड़ रुपये बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments