Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीयूपी: लखनऊ, नोएडा व गाजियाबाद समेत 15 शहरों में बनी निजी क्षेत्र...

यूपी: लखनऊ, नोएडा व गाजियाबाद समेत 15 शहरों में बनी निजी क्षेत्र के इंडस्ट्रियल पार्क

उत्तर प्रदेश में औद्योगिक गतिविधियों के बढ़ावा देकर राज्य के इंडस्ट्रियल हब बनावे के खातिर 15 शहरों में निजी क्षेत्र के इंडस्ट्रियल पार्क विकसित कईल जाई। मुख्यमंत्री कार्यालय के सूत्र रविवार के बतवलस कि प्रदेश में ‘प्राइवेट इंडस्ट्रियल पार्क’ (पीआईपी) बनावे के खातिर चिन्हित जिलों में योजना के खाका तैयार कर लिहल गईल बा। सीएम योगी आदित्यनाथ के अनुमति से एकरी खातिर लखनऊ, उन्नाव, अमेठी, सुल्तानपुर, प्रतापगढ़, औरैया, हमीरपुर, जालौन, नोएडा, गाजियाबाद, मेरठ, आजमगढ़, अंबेडकर नगर, गोरखपुर और प्रयागराज जिले चिन्हित कर लिहल गईल बा।

सूत्रों के अनुसार उत्तर प्रदेश राज्य औद्योगिक विकास प्राधिकरण (यूपीएसआईडीसी) के सहयोग से इंडस्ट्रियल पार्क के खातिर पीआईपी के बढ़ावा दिहल जाई। इ कड़ी में प्रदेश के पहले पीआईपी के खातिर उन्नाव में आगरा लखनऊ एक्सप्रेस-वे के किनारे जमीन चिन्हित कईल गईल बा। यूपीएसआईडीसी के सूत्र बतवले कि इ योजना के प्रारंभिक चरण में पीआईपी के दायरे में आवे वाला उद्योगों के भी सूचीबद्ध कर लिहल गईल बा। ऐमें वस्त्र उद्योग (टेक्सटाइल), रेडीमेड कपड़े, खाद्य प्रसंस्करण, इत्र, पीतल उत्पाद और इलेक्ट्रॉनिक उत्पादों के उद्योग शामिल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments