Saturday, April 27, 2024
Homeधर्म कर्मछठ पूजा स्पेशलव्रती लोग अस्तांचलगामी सूर्य के दिहनस अरघा, घाटन पर उमड़ल आस्था के...

व्रती लोग अस्तांचलगामी सूर्य के दिहनस अरघा, घाटन पर उमड़ल आस्था के जन सैलाब

आज छठ पर्व का तीसरा दिन बा। एके डाला छठ के नाम से भी जानल जाला। आज डूबत सूरज के अरघा दिहल गइल। मंगलवार के रात खरना का प्रसाद खाये के बाद से व्रती निर्जला उपवास करत बानी, आज अरघा के वक्त घाट पे हजारन के भीड़ जुटल रहल। एकरा खातिर प्रशासन सब तैयारी पहले ही पूरी कर लिहले रहल। महापर्व के दूसरा दिन मंगलवार के छठी माता के खरना प्रसाद के भोग लगल ।

आज शाम के डूबत सूरज देवता के अरघा दिहल गइल, घाट पे मेला जइसन माहौल बनल रहल , बड़ी संख्या में लोग आपन घर के आंगन, बगीचा और छत पर भी सूरज देवता के अरघा देहने। नदी में पानी में उतर कर व्रती फलन से भरल सूप उठा के सूरज देवता के जल अर्पित कइने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments