Tuesday, May 7, 2024
Homeयुवामहाभियान के भइल शुरुआत: आपन हक खातिर एकजुट होइहें सनातन धर्मी अउर...

महाभियान के भइल शुरुआत: आपन हक खातिर एकजुट होइहें सनातन धर्मी अउर ब्राह्मण समाज

भोजपुरी लाएव : लखनऊ

यूपी सहित देश भर में बिखरल ब्राह्मण अउर सनातन समाज के एकजुट करे के महाभियान के शुरूआत भगवान राम के जन्मस्थली अउर पौराणिक नगरी अयोध्या से आगामी 21 नवम्बर से होवे जात बा। देश के आजादी के बाद के पहला सबसे बड महाभियान के पुरी पीठाधीश्वर जगद्गुरू शंकराचार्य स्वामी निश्चिलानंद सरस्वती के आर्शीवाद और मार्गदर्शन मिली।

आबादी और संख्याबल के हिसाब से ब्राह्मणन के ना त सत्ता में भागीदारी मिलल और ना ही ब्राह्मणन के सामाजिक न्याय मिल सकल :  कैप्टन एसo केo दिवेदी

इ जानकारी ब्रहम सागर संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्ष कैप्टन एवं अवकाश प्राप्त आईएएस एसo केo दिवेदी और संगठन मंत्री विजय त्रिपाठी आज होटल कार्ल्टन में मीडिया के साथ साझा बातचीत में दिहलें। श्री दिवेदी बतइने कि ब्राह्मण और सनातन समाज आदिकाल से उदारवादी सोच अउर विचारधारा के रहल । समाज के बाकी तबका के तरह उ कबहीं केहू से कुछ ना मंगलस। चाहे त्रेता युग हो या आज के कलयुग अथवा अन्य कउनो युग-काल रहल हो उ हमेशा राजा बनावे के काम कइलस ।

पुरी पीठाधीश्वर जगद्गुरू शंकराचार्य स्वामी निश्चिलानंद सरस्वती के मार्गदर्शन में महाभियान के शुरुआत खातिर अयोध्या में 20 और 21 नवम्बर के विशाल मंथन शिविर होई।

दिवेदी कहने कि आपन एही उदारवादी सोच और विचाराधारा के चलते आज ब्राह्मण तथा सनातन समाज पिछडत चल गइल जबकि दोसर जाति और समाज काफी आगे निकलत गइल । केन्द्र अउर राज्यों में सरकार चाहे कउनोदल के रहल हो लेकिन ओकर प्राथमिकता में इ समाज ना रहल । राजनीतिक दल फूट डालों राज करों के फार्मूले पर समाज के धोखा दिहलस । उ कहने कि अब वक्त आ गइल बा कि ब्राह्मण और सनातन समाज एकजुट होकर आपन अधिकार और हक के हासिल करे।

राष्ट्रीय अध्यक्ष बतइने कि समाज के खराब होवत हालात देखकर देशभर के ब्राह्मण और सनातन समाज केजोड़े खातिर ब्रहम सागर संगठन के गठन करल गइल बा। पिछले करीब पांच माह से देश के अलग-अलग राज्यन तथा जिलन के सघन दौरा करके अलग-अलग बिखरे समाज के विभिन्न संगठनन के एक मंच  पर लावे के काम करल गइल बा । अबही तक डेढ सौ से ज्यादा संगठन ब्रहम सागर के साथ जुडकर आपन काम करत बाने । उ बतइने कि पूरे देश में ब्रहम और सनातन समाज के एकजुट करे के इस महाभियान के तहत अयोध्या में दो दिवसीय मंथन शिविर रखल गइल बा । मुख्य आयोजन 21 नवम्बर के रामकथा पार्क में होई। जेमे मुख्य अतिथि के रूप में पुरी पीठाधीश्वर जगद्गुरू शंकराचार्य स्वामी निश्चिलानंद सरस्वती देश भर से आये वाले ब्राह्मण और सनातन समाज के संगठनों के आपन संदेश और मार्ग दर्शन दिहें ।

उ बतइने कि ब्रहम सागर पूरी तरह से गैर राजनीतिक संगठन बा जे कि सबहीं धर्मो तथा राजनीतिक संगठनों के सम्मान करेला । संगठन के मुख्य मकसद टुकडन में बिखरल समाज के ताकत के एकजुट करके ओके सामाजिक न्याय दिलावे के साथ-साथ समाज के कमजोर वर्ग के मदद करके ओके आगे बढावे के बा ।

प्रेस वार्ता मे संगठन की कोर टीम के सदस्य सी पी तिवारी,डी सी दुबे,डाक्टर विपिन पाण्डेय,राजेन्द्र शुक्ल, कमल दुबे,जनार्दन मिश्र, हिमांशु शेखर अवस्थी,डी सी पाण्डेय,ओ पी चतुर्वेदी,हरि प्रसाद तिवारी ,अनुराग पाण्डेय उपस्थित रहने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments