Friday, May 3, 2024
Homeयुवाआर्यन खान के अबही जेल में रहे के पड़ी, कोर्ट कइलस जमानत...

आर्यन खान के अबही जेल में रहे के पड़ी, कोर्ट कइलस जमानत याचिका के खारिज

मुंबई में क्रूज पर ड्रग्स पार्टी में गिरफ्तार बॉलीवुड एक्टर शाहरुख खान के बेटे आर्यन खान के मुश्किल और बढ़ गइल बा । कोर्ट से आर्यन खान के जमानत नाहीं मिलल और उनके जेल भेज दिहल गइल बा । शुक्रवार के कोर्ट आर्यन खान, अरबाज मर्चेंट और मुनमुन धमेचा के जमानत याचिका नामंजूर कर दिहलस । ASG अनिल सिंह कोर्ट में एनसीबी का पक्ष रखत रहने ।

कोर्ट के कार्रवाई के बाद आर्यन खान समेत सभी आरोपियन के ऑर्थर रोड जेल ले जाइल गइल। बताइल जात बा कि पुरुष कैदियन के आर्थर रोड जेल और महिला कैदियन के बायकुला जेल भेजल गइल बा ।  आर्यन और दूसरे आरोपियन के जेल की बैरक नंबर तीन में रखल जाई जउन की कि जेल के पहली मंजिल पर बनल बा ।

कोर्ट के समक्ष आर्यन खान के वकील सतीश मानेशिंदे कहने कि हमार मुवक्किल इज्जतदार परिवार से बा । समाज में ओकर गहराजुड़ाव बा। उ भाग नाहीं सकेला । मानेशिंदे रिया चक्रवर्ती मामले के भी हवाला देते हुए कहने कि जिन लोगन के पास से कम मात्रा में मादक पदार्थ बरामद भइल बा, उनके संबंध में भइल फैसलन के भी ध्यान रखल जाये के चाहीं ।

मानेशिंदे नार्कोटिक्स कंट्रोल ब्यूरो (एनसीबी) के इ तर्क को भी निराधार ठहरइने कि आर्यन जउन सुबूत उनके खिलाफ बाने उन से छेड़छाड़क्सर सकेलें । उ कहने कि सिर्फ एही से कि कोई व्यक्ति प्रभावशाली परिवार से बा, इ कहल कि उ सुबूतन से छेड़छाड़ कर सकेला , गलत होई।अइसन बहुत लोग खुला घुमात बाने , जिन पर एसे ज्यादा गंभीर आरोप बा । हमार मुवक्किल कबहूँ भी आपन प्रभाव के गलत इस्तेमाल ना कइले बा । उ फिर दोहरइने कि एनसीबी के आर्यन के पास से कउनो मादक पदार्थ ना मिलल रहे । उनके सिर्फ वाट्सएप चैट के आधार पर गिरफ्तार कइल गइल बा । एनसीबी आर्यन के रिमांड बढ़ाए करल जात रहल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments