Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणमाफिया मुख्तार अंसारी की 24 करोड़ के संपत्ति कुर्क

माफिया मुख्तार अंसारी की 24 करोड़ के संपत्ति कुर्क

मऊ. उत्तर प्रदेश में मऊ (Mau) सदर के बाहुबली विधायक माफिया मुख्तार अंसारी (Mafia Mukhtar Ansari) के खिलाफ जिला प्रशासन बुधवार के कार्रवाई कईलस. जिलाधिकारी के आदेश पर बुधवार के मुख्तार अंसारी द्वारा अवैध तरीके से अर्जित कयल गयल लगभग 24 करोड़ लागत के भूमि के भारी फोर्स बल के साथ कुर्क कर लेबल गयल. दक्षिण टोला थाना क्षेत्र के जहांगीराबाद स्थित जमीन के मुख्तार अंसारी अपने मां राबिया बेगम के नाम से 2015 में बैनामा करइले रहले, बाद में उनके पुत्रों के नाम वसीयत में आ गयल. ओकर मां ने उक्त जमीन के मुख्तार अंसारी के दोनों बेटे अब्बास अंसारी और उमर अंसारी के नाम से वसीयत कर देले रहली.

दक्षिण टोला थाने में मुख्तार अंसारी के नाम से गैंगस्टर कार्रवाई कायल गयल . विवेचना के दौरान प्रकाश में आयल कि अपराध द्वारा अर्जित कयल गयल 8880 वर्ग मीटर के भूमि जिस का वर्तमान में कीमत लगभग 24 करोड़ बा, उ भूमि में आराजी संख्या 869 सा में 20×12 मीटर धार्मिक स्थल मस्जिद के बनल बा, जेके प्रशासन ने जब्त ना कइले बा. आराजी संख्या 870, 871, 872, 873, 868 सा, की जब्ती करण किया गयल बा.

जमीन पर मस्जिद भी बा, जेके छोड़ देबल गयल बा: अपर पुलिस अधीक्षक

अपर पुलिस अधीक्षक त्रिभुवन नाथ त्रिपाठी बतईलें कि मुख्तार अंसारी द्वारा हाईवे पर एक जमीन क्रय कयल गयल रहे, जवन ओकरे मां के नाम से रहे. बाद में वसीयत में ओकरे दोनों बेटे के नाम से हो जाई. एही थाना क्षेत्र में मुख्तार अंसारी गैंगस्टर के मुलजिम बा. जेकरे विवेचना में प्रकाश में आयल लगभग वर्तमान समय में ₹24 करोड़ के संपत्ति के कुर्क कयल गयल बा. ओहि जमीन में एक मस्जिद के निर्माण बा, जेके जिला प्रशासन छोड़ देले बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments