Wednesday, May 8, 2024
Homeवीडियोहेल्थ टिप्सपेट की समस्या के खातिर लाभदायक बा सोंठ के सेवन, जानि एकर...

पेट की समस्या के खातिर लाभदायक बा सोंठ के सेवन, जानि एकर 7 फायदा

नई दिल्ली:- सोंठ कई बीमारियों से छुटकारा दिलावे में सहायक बा। खास कर पेट की समस्या के खातिर सोंठ कई तरह से फायदेमंद बा।

सोंठ को घर-घर में इस्तेमाल कईल जाला। अदरक के सुखा कर बनावल गईल सोंठ पेट के समस्या के खातिर बेहद फायदेमंद होला। ई जोड़ों के दर्द, गले की खराश, गैस, अपच और वजन कम करे में मदद करेला ।

इन बीमारी से छुटकारा पावे के खातिर करी सोंठ के सेवन:

आसानी से खाना पचावे के खातिर, सोंठ के पानी के सेवन करी

खाना ठीक से नइखे पचत त सोंठ को पीस कर ओकर पानी के सेवन करी, खाना आसानी से पची। सोंठ ना सिर्फ खाना के पचाई बल्कि पाचन के भी मजबूत करी।

कम भूख लगने पर करी सोंठ के सेवन  

भूख नहीं लगने या कम भूख लगने की समस्या बहुत आम बा। अगर रउवा साथे भी एइसन हो रहल बा, त रउवा के सोंठ के सेवन करे के चाही। सोंठ के इस्तेमाल रउवा खाना के साथ या दूध में भी कर सकेनी।

पेट फूले के समस्या से मिली छुटकारा

कुछ भी खाते ही अगर पेट फूलत बा त इ परेशानी से निजात पावे के खातिर सोंठ के सेवन करी। गरम पानी के साथ सोंठ का पाउडर लेवे से रउवा के राहत मिली।

गैस से निजात दिलावे में सहयोग बा सोंठ  

रउवा गैस ज्यादा परेशान बानी, या गैस की वजह से पेट में दर्द रहत बा त सोंठ के सेवन करी।

अपच और उल्टी से निजात दिलावे में सहयोग बा सोंठ 

जे भी लोगन को उल्टी या खट्टी डकार आवे के समस्या रहत बा, त उ लोग के सोंठ के सेवन से राहत मिली। अगर सोंठ के चूर्ण के आंवला के चूर्ण के साथ मिलाकर गुनगुना पानी के साथ लेब त इ समस्या दूर हो सकेला। 

खांसी और कफ के इलाज बा सोंठ 

यदि कफ ज्यादा हो गईल बा और शरीर से बाहर नइखे निकलत त सोंठ के सेवन करी। सर्दी के मौसम में सर्दी जुकाम ठीक करे के साथ ही कफ भी दूर करे में सहायक बा सोंठ। कुछ लोगन के सर्दी के वजह से सिर दर्द के शिकायत रहेला त ओमे सोंठ के सेवन करें से जल्द राहत मिली।

जोड़ों के दर्द के दूर करे में सहायक सोंठ 

सर्दी में जेकर भी जोड़ो में दर्द रहेला, ओके सोंठ के सेवन करे के चाही।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments