अखिलेश यादव और समाजवादी पार्टी से नाराज चल रहे शिवपाल यादव के अगला कदम का होई? उ आजम खान के साथ मिलकर नया मोर्चा बनयीहे या फिर भारतीय जनता पार्टी में शामिल होंईहे? कई दिन से उठ रहे इ सवालों और अटकलों के बीच मुलायम सिंह यादव के छोटी बहू और अब भाजपा नेता अपर्णा यादव भी रिएक्शन दिहले। अपर्णा यादव कहले कि शिवपाल खुद आपन फैसला लिहे। भाजपा में शामिल होखे के सवाल पर उ कहले कि यदि चाचा के मन बा त स्वागत बा।
एक टीवी चैनल से बातचीत में अपर्णा यादव ने कहली, ”मैं तो समझती हूं कि चाचा का अपना चॉइस है। मैं उनका बहुत सम्मान करती हूं, क्योंकि वह घर में बड़े हैं। लेकिन मैं भाजपा में हूं मेरे आदर्श मोदी-योगी हैं। चाचा ने जो भी किया अपने लिए, मुझे लगता है अब खुद जिम्मेदार हैं। जो भी राजनीतिक रूप से उनको ठीक लगता है करना चाहिए।” अपर्णा यादव से जब पूछल गईल कि का शिवपाल भाजपा में शामिल होंईहे त उ मुस्कुराते हुए कहली, ”अगर उनकर मन होई त स्वागत बा उनकर पार्टी में।”
गौरतलब बा कि मुलायम सिंह के छोटी बहू और प्रतीक यादव के पत्नी अपर्णा यादव विधानसभा चुनाव से ठीक पहले भाजपा में शामिल हो गईंल रहली। चुनाव के बाद से शिवपाल यादव भी नाराज चल रहल बाड़े। शिवपाल के भी भाजपा संग जाऐ के अटकलें बा। हालांकि, आजम खान से मुलाकात के बाद से ही इ चर्चा बा कि उ दिग्गज मुस्लिम नेता के साथ कौनो नया मोर्चा बना सकेले।