Sunday, May 12, 2024
Homeटॉप स्टोरीDC vs SRH: सनराइजर्स हैदराबाद के 21 रनों से मात देके दिल्ली कैपिटल्स...

DC vs SRH: सनराइजर्स हैदराबाद के 21 रनों से मात देके दिल्ली कैपिटल्स लगवलस लंबी छलांग

DC vs SRH IPL 2022: ऋषभ पंत के अगुवाई वाली दिल्ली कैपिटल्स आईपीएल 2022 के 50वें मुकाबले में सनराइजर्स हैदराबाद के 21 रनों से पटखनी दीहलस। इ धमाकेदार जीत के साथ दिल्ली के टीम प्वाइंट्स टेबल में 5वें पायदान पर पहुंच गईल बा। डीसी के ई 10वें मैच में 5वीं जीत बा। वहीं हार के हैट्रिक लगावे वाली हैदराबाद के टीम दिल्ली से नीचे इतने ही अंक के साथ मौजूद बा। बता दी, दिल्ली डेविड वॉर्नर और रोवमैन पॉवेल के अर्ध शतक के दम पर हैदराबाद के सामने 208 रनों के लक्ष्य रख देले रहे, इ स्कोर के सामने हैदराबाद 20 ओवर में 186 ही रन बना पवलस। वॉर्नर के नाबाद 92 रनों के पारी के वजह से मैन ऑफ द मैच के अवॉर्ड से नवाजल गईल।

सनराइजर्स हैदराबाद के कप्तान केन विलियमसन इ मैच में टॉस जीतकर पहले गेंदबाजी चुनले। हैदरबाद तीन त दिल्ली चार बदलाव के साथ मैदान पर उतरल। वॉर्नर आज शॉ के गैरमौजूदगी में मंदीप सिंह के साथ बल्लेबाजी करे उतरले। मंदीप के पहले ही ओवर में भुवी शून्य के स्कोर पर पवेलियन के रास्ता देखवले। एकरी बाद मिशेल मार्श 10 और पंत 26 रन बनाकर पवेलियन लौटले। दिल्ली 9वें ओवर तक 85 रन पर आपन तीन विकेट खो दिहले रहे। 

एकरी बाद बल्लेबाजी करे अईले रोवमैन पॉवेल 35 गेंदों पर 3 चौकों और 6 छक्कों के मदद से 67 रन के नाबाद पारी खेलले। इ दौरान उ डेविड वॉर्नर के साथ 122 रनों के अटूट साझेदारी कईले। वॉर्नर अपनी 92 रनों के पारी के दौरान 12 चौके और तीन छक्के लगवले। दिल्ली के पारी के आखिरी ओवर में उमरान मलिक आईपीएल के इतिहास के दूसरी सबसे तेज गेंद (157 kmph) भी फेकले।

लक्ष्य के पीछा करे उतरल हैदरबाद के शुरुआत अच्छा ना रहल। अभिषेक शर्मा 7 और कप्तान केन विलियमसन 4 रन बनाकर पवेलियन लौट गईले। एडन मार्क्रम ने 42 और निकोलस पूरन ने 62 रन के पारी खेलकर जरूर टीम के लक्ष्य के करीब पहुंचावे की कोशिश कईले मगर उ टीम को जीत ना दिला पवले। दिल्ली के लिए खलील अहमद सबसे अधिक तीन विकेट लिहले। 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments