Tuesday, April 30, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपटना में लूट के भईल बड़ी वारदात, चोर गार्ड के बंधक बनाके...

पटना में लूट के भईल बड़ी वारदात, चोर गार्ड के बंधक बनाके दिहले चोरी के अंजाम

बिहार में पुलिस प्रशासन केतना भी अपराधियन पर लगाम लगौले के कोशिश करे लेकिन आए दिन आपराधिक घटना रुकले के नाम ना लेत बा। पटना के मेहदीगंज थाना इलाके में एक टीवी गोदाम से 50 लाख तक के टीवी चोर चोरी कईले।

दरअसल त्यौहार के सीजन शुरू हो चुकल बा अउर अयीसन में धनतेरस पर इलेक्ट्रॉनिक सामान के बिक्री अधिक होला। एहीसे गोदाम में टीवी के स्टॉक राखल रहे। चोर पहिले गार्ड अउर ड्राइवर के बंधक बनौले अउर करीब 50 लाख के टीवी सेट लूट लिहले। बदमाश करीब 250 टीवी, 35 हजार रूपए अउर चांदी के सिक्का निकाल लिहले।

 

Images Credit- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments