Monday, April 29, 2024
Homeयुवाबिहार चुनाव के तारीख के घोषणा , तीन चरणों में होई वोटिंग

बिहार चुनाव के तारीख के घोषणा , तीन चरणों में होई वोटिंग

न्यूज़ डेस्क : पटना

चुनाव आयोग शुक्रवार के बिहार के चुनाव के तारीख के ऐलान कर दिहले बा । कोरोना के चलते इ बार संभवत: सबसे कम समय और चरण में चुनाव कराइल जाई । 28 अक्टूबर से तीन चरन में मतदान तीन नवंबर और सात नवंबर के होई और नतीजन के घोषणा 10 नवंबर के होई । खास बात इ बा कि मतदान खातिर एक घंटा के वक्त बढ़ाइल गइल बा ।मतदान सुबह सात बजे से शाम छह बजे तक होई । इ बदलाव नक्सल प्रभावित क्षेत्रन में ना होई । अन्य सुरक्षा इंतजाम भी करल गइल बा ।

बक्सर, भोजपुर, अरवल, जहानाबाद, औरंगाबाद, गया, कैमूर, रोहतास, नवादा, शेखपुरा, मुंगेर, बांका, जमुई और लखीसराय में पहले फेज में होई , चुनाव. 71 विधानसभा सीटों खातिर 28 अक्टूबर के वोट डालल जाई .

दूसरा फेज में 3 नवम्बर के गोपालगंज, पूर्वी चंपारण, सीवान, शिवहर, मुजफ्फरपुर, सारण, वैशाली, नालंदा, पटना, बेगूसराय, समस्तीपुर, भागलपुर और खगड़िया में चुनाव होई .

तीसरा चरण में चुनाव 7 नवम्बर के पश्चिमी चंपारण, सीतामढ़ी, दरभंगा, मधुबनी, सुपौल, मधेपुरा, सहरसा, पूर्णियां, अररिया, किशनगंज और कटिहार जिला में होई .
तीसरा चरण में 15 जिलन के 78 विधानसभा सीटन पर 7 नवंबर के वोट डालल जाई . 10 नवंबर के वोटन के गिनती होई .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments