Tuesday, May 14, 2024
Homeमनोरंजनसुशांत केस में बिहार पुलिस के DIG जइहें सड़क मार्ग से मुम्बई

सुशांत केस में बिहार पुलिस के DIG जइहें सड़क मार्ग से मुम्बई

न्यूज़ डेस्क: पटना

सुशांत सिंह राजपूत सुसाइड केस में मुंबई पुलिस और बिहार पुलिस के बीच लगातार तनातनी चलत बा . शन‍िवार के बिहार पुलिस के एसपी विनय तिवारी के बी. ऍम. सी. द्वारा क्वारनटीन करे के बाद दुनु राज्यन के पुलिस के बीच तनाव बढ़ गइल बा . बिहार पुलिस डीजीपी गुप्तेश्वर पांडे इ मामला के जाँच पर काफी नाराज बाने और अब उ डीआईजी लेवल के अफसर के मुंबई मामले की छानबीन खातिर भेजे के तैयारी करत बाने .

DIG Vikas vaibha (file photo)

सूत्रन के मुताबिक जउन दू डीआईजी के मुंबई भेजे जाए के उम्मीद बा उनकर नाम मुंगेर डीआईजी मनु महाराज और एटीएस डीआईजी विकास वैभव बा . स्एसठे इ हो कहल जात बा की इ बार हत‍ियात के तौर उनके सड़क मार्ग से मुंबई भेजल जाई .

DIG Manu Maharaj (File Photo)

डीजीपी गुप्तेश्वर पांडे कहने की – ऑन ड्यूटी अफसर को क्वारनटीन में छूट का प्रावधान है, ‘ये सिंपल सुसाइड का मामला नहीं है और पूरा देश यही सोच रहा है कि दाल में कुछ काला है. इसमें विश्वासघात, गबन और संपत्ति के अध‍िकार को लेकर भी केस दर्ज किया गया है. सुशांत सिंह राजपूत के पिता ही उनकी कानूनी उत्तराध‍िकारी हैं इसल‍िए इस केस का आधा हिस्सा पटना से ही जुड़ा हुआ है जहां वे रहते हैं. कैसे एक आम आदमी मुंबई के उन बड़े लोगों से लड़ सकता है. कैसे एक आम आदमी यह केस लड़ेंगे जब सीन‍ियर आईपीएस ऑफ‍िसर को ही जबरन क्वारनटीन कर दिया गया है. क्या वो वहां सुरक्ष‍ित रह पाएंगे?’

उ कहने की ‘सब के पता बा कि केस में कुछ गड़बड़ बा . उनकर जिम्मेदारी बा कि उ लोगन के इ शंका के दूर करें. उ कहने की आपन अफसर लोगिन से बातचीत करेके बाद उ आगे के कार्यवाही करिहें . उ कहने की हम सुशांत सिंह राजपूत के न्याय दिलावे खातिर तत्पर बानी , पूरा देश इ समय बिहार पुलिस के साथ जउन तरह के व्यवहार मुंबई पुलिस करत बिया ओके देखत बा , लोग मुम्बई पुलिस से नाराज बाने . हजारो लोग र रोज मुंबई आवेलें लेक‍िन उनके क्वारनटीन ना करल जात बा लेक‍िन जब एगो अफसर कउनो केस के जांच करे जाता बा त ओके जबरदस्ती क्वारनटीन कर दिहल जात बा. ऑन ड्यूटी सरकारी अफसरन के क्वारनटीन में छूट के प्रावधान बा पर फिर भी उनके एसपी के क्वारनटीन कर दिहल गइल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments