Monday, April 29, 2024
Homeयुवासंघ लोक सेवा आयोग के रिजल्ट भइल घोषित, प्रदीप सिंह बनले ऑल...

संघ लोक सेवा आयोग के रिजल्ट भइल घोषित, प्रदीप सिंह बनले ऑल इंडिया टॉपर

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

संघ लोक सेवा आयोग, सिविल सर्विस परीक्षा-2019 के रिजल्ट आज सुबह जारी कर दिहलस . महिलाओं में पहिला स्थान प्रतिभा वर्मा ने हासिल कइले बानी जबकि उ परीक्षा में कुल तीसरे नंबर पर रहली , प्रदीप सिंह परीक्षा में ऑल इंडिया टॉपर बनल बाने .

संघ लोक सेवा आयोग की ओर से जारी सूचना के मुताबिक ए बार कुल 829 उम्मीदवार परीक्षा पास करे में कामयाब रहेलें . इनमें सामान्य श्रेणी के 304, पिछड़े वर्ग के 251, अनुसूचित जाति के 129, अनुसूचित जनजाति के 67 और आर्थिक रूप से पिछड़ों के 78 उम्मीदवार शामिल बाने . सब सफल उम्मीदवारन के उनके रैंक और पसंद के हिसाब से सेवा अलॉट कर दिहल गइल बा . IAS सेवा में 180 उम्मीदवारन के भेजल गइल बा . विदेश सेवा खातिर 24 अभ्यर्थियन के चयन भइल बा . IPS खातिर 150 उम्मीदवार चुनल गइल बाने . केंद्रीय सेवा ग्रुप ए खातिर 438 और ग्रुप बी खातिर 135 उम्मीदवारन के चयन भइल बा . 

सोनीपत के प्रदीप सिंह जे की इ बार टॉप कइले बाने पिछली बार साल 2018 में भी सिविल सेवा परीक्षा दिहले रहने । तब उनकर 260वीं रैंक मिलल रहल । ओ समय उ आईआरएस खातिर चुनल गइल रहने । उनकर पहली पोस्टिंग दिल्ली में इनकम टैक्स इंस्पेक्टर के पद पर भइल रहल । 2019 में उ दोबारा परीक्षा दिहने और पूरे देश में पहला स्थान हासिल कइले ।

इ परीक्षा में प्रदीप सिंह पहिले, जतिन किशोर दूसरे, प्रतिभा वर्मा तीसरे, हिमांशु जैन चौथे और जयदेव  सीएस पांचवे स्थान पर रहलें .   यूपीएससी के पूरा रिजल्ट और टॉपर लिस्ट दिहल लिंक पर क्लिक करके देखल जा सकेला .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments