पश्चिम बंगाल के उत्तर 24 परगना जिला के बशीरहाट में शनिवार शाम के भईल हिंसा में भाजपा कार्यकर्ता प्रदीप मंडल के मौत हो गईल। रविवार के उनकर पत्नी पदमा तृणमूल समर्थक करे वालन पर हत्या के आरोप लगौली । उनकर पत्नी कहली कि कयूम मुल्ला अउर शाहजहां मुल्ला 400 से 500 लोगन के लेके हमरे घरे आयिल रहले । हमरे आँखि के सामने गोली मार के हत्या कई दिहले ।
भईल एह हिंसा में भाजपा के पांच अउर तृणमूल के एगो कार्यकर्ता के मउत भईला के दावा कईल जात बा । हालांकि, पुलिस एह मामले में कुछ भी कहला से इनकार कई दिहले बा । भाजपा कहले बा कि हम लोग बशीरहाट में सोमवार के 12 घंटे के पूरे बंगाल में ब्लैक डे के तौर पर मनावल जायी ।