Sunday, May 5, 2024
Homeराजनीतिसाध्वी के बेबोल बयान पर BJP साध्वी के दिहले नसीहत

साध्वी के बेबोल बयान पर BJP साध्वी के दिहले नसीहत

मध्य प्रदेश के भोपाल से भारतीय जनता पार्टी के सांसद साध्वी प्रज्ञा सिंह ठाकुर शुरुआत से ही अपने बेबोल बयान के कारण चर्चा  में रहेली  | जेकरा वजह से कई बार पार्टी के फजीहत भईल बा| अब एक बार फिर पार्टी के केंद्रीय नेतृत्व साध्वी प्रज्ञा के नसीहत दिहले बा अउर कहले बा कि कउनो तरह के विवादित बयान ना दें  | पार्टी के तरफ से इ कदम तब उठावल गईल बा  जब साध्वी प्रज्ञा  बीजेपी नेता लोगिन  के निधन के विपक्ष के मारक शक्ति से जोड़ के बयान दिहली  |

हाल के दिनन में भारतीय जनता पार्टी आपन तीन बड़े नेता के गवौले  बा | एमे  पूर्व वित्त मंत्री अरुण जेटली, पूर्व विदेश मंत्री सुषमा स्वराज, मध्य प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री बाबूलाल गौर शामिल बाने | एही के लेके साध्वी प्रज्ञा कहली  कि विपक्ष के नेता भाजपा वालन पर ‘मारक शक्ति’ के इस्तेमाल कर रहल बाने , जेकरा वजह से बीजेपी के नेता दुनिया छोड़कर जा रहल बाने | एह बयान पर कांग्रेस BJP के घेर लिहले |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments